भोजपुरी भूषण दुर्गा प्रसाद मजुमदार

Durga Prasad Majumdar

अन्तर्राष्ट्रीय स्तर के संगीतकार, पखावज वादक आ फिल्म निर्माता दुर्गा प्रसाद मजुमदार के पिचला दिने दिल्ली में आयोजित राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में भोजपुरी भूषण के सम्मान से नवाजल गइल. सम्मेलन के आयोजन भोजपुरी एसोसिएशन आफ इण्डिया आ भोजपुरी समाचार पत्रिका दि सण्डे इण्डियन मिल के कइले रहुवे.

दुर्गा प्रसाद मजुमदार के ई सम्मान मैनेजमेंट गुरु अरिंदम चौधरी आ प्रसिद्ध लोकगायिका पद्मश्री शारदा सिन्हा का हाथ से दिहल गइल आ भोजपुरी सिनेमा में उनकर योगदान के सराहल गइल. सम्मान पा के आपन धन्यवाद देत दुर्गा प्रसाद मजुमदार कहलन कि अब उनकर जिम्मेदारी अउरी बढ़ गइल बा आ ऊ पूरा कोशिश करीहें कि भोजपुरी सिनेमा के दुनिया में प्रतिष्ठित करावे का दिशा में आउरी निष्ठा आ लगन से लागस. कहलन कि संगीत का क्षेत्र में पहिले बहुते पुरस्कार आ सम्मान मिल चुकल बा, बाकि भाषा के योगदान खातिर मिलल ई पुरस्कार उनका खातिर बहुते खुशी के बात बा.

दुर्गा प्रसाद मजुमदार आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट नाम के भोजपुरी फिल्म निर्माण कंपनी के निर्देशक हउवन जवन साल में करीब एक दर्जन फिलिम बनावल करे ले.


स्रोत प्रशान्त निशान्त