एगो दू गो ना, पूरे चार गो...

Chhotu ChaliaPawan Singh

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिला बेर चार गो लोक गायक एक सा् कवनो फिलिम में काम कर रहल बाड़े. पवन सिंह, छोटू छलिया, अरविन्द अकेला उर्फ कल्लू का साथे साथ गायिका अँजलि जवना फिलिम में आ रहल बा लोग ओह फिलिम के नाम हऽ गठबन्धन प्यार का.

फिलिम के निर्मात्री मोनिका सिन्हा एह फिलिम के निर्माण अक्षत फिल्म्स इंटरनेशनल का बैनर में अपूर्वा फिल्म्स कंबाइन आ संजय सिन्हा के प्रस्तुति से कर रहल बाड़ी. फिलिम के निर्देशन करत बाड़े विष्णु शंकर वेलू.

एक साथ तीन गो गायक आ एको गायिका के एक्टिंग से सजल एह फिलिम के शूटिंगो खूबसूरत लोकेशन पर हो रहल बा आ माने के पड़ी कि गठबन्धन प्यार का सफलता के एगो नया रिकार्ड बनाई.


स्रोत शशिकान्त सिंह, मुंबई से.