लता मंगेशकर का साथे गाना गवले पवन सिंह

लोकगायक आ अब भोजपुरी सिनमा के सुपर स्टार पवन सिंह लता मंगेशकर का साथ गाना गावे वाला पहिलका भोजपुरी गायक बन गइल बाड़े. उमरिया कईली तोहरे नाम के एगो गाना लता मंगेशकर आ पवन सिहं का आवाज में बा. आ जब स्वरकोकिला लताजी के पता चलल कि पवन भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार हउवन त उनका के आपन आशीषो दिहली.

Pawan Singh with Manoj Tiger

उमरिया कईली तोहरे नाम बिहार में अपना सफलता के झंडा गाड़ दिहले बिया. बतावत चलीं कि आजुकाल्ह पवन सिंह का लगे फिलिमन के कतार लागल बा. कहियो ऊ मुंबई में शूटिंगकरत लउकिहन त अगिला दिने राज पिपला में, त कबो कवनो दोसरा जगह. राजपिपला में आजुकाल्हु उनकर फिलिम गठबन्धन प्यार के के शूटिंग चल रहल बा. चोरवा बनल दामाद के शूटींग पूरा हो गइल बा आ डबिंग के काम लागल बा. रविकिशन का साथे उनकर फिलिम रंगबाज दारोगा अगिला महीना पूरा देश में रिलीज होखे जा रहल बा.

एह साल ऊ प्रतिज्ञा, पवन पुरवईया आ तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो के सफलता के हैट्रिक मार चुकल बाड़े. लता जी का साथे गाना गावे के मौका मिलल पवन सिंह के एगो बड़हन उपलब्धि में गिनल जाई.


स्रोत : शशिकान्त सिंह मुंबई से