अब नजर लड़ाई बेटवा बाहुबली अजय दीक्षित

भोजपुरी फिलिम बेटवा बाहुबली में अपना अभिनय के लोहा मनवावे वाला अजय दीक्षित के बेस्ट न्यू कमर के अवार्ड दिहल गइल रहे. हथियार के भाषा समुझे वाला बेटवा बाहुबली अब प्यार के भाषा समुझे जा रहल बा आ रोमांटिक अन्दाज में नजरिया लड़ावत नजर आई अब ऊ.

Ajay Dixit and Vibhuti Trivedi in Najariya Tohse Lagi

भोजपुरी के सन्नी देओल कहल जाये वाला अजय दीक्षित अब विजसन फिल्म्स के अगिला प्रस्तुति नजरिया तोहसे लागी में आपन ई नया रोमांटिक अन्दाज पेश करे जा रहल बाड़न. आ नजर लड़ावे खातिर सामने रहीहें गुजरात के धक धक गर्ल का नाम से मशहूर विभूति त्रिवेदी. फिलम के निर्देशन कइले बाड़ैं दीप शर्मा. निर्माता संतोष सिंह के एह फिलिम में एक्शन स्टार अजय दीक्षित, विभूति त्रिवेदी, आयाम मेहता, देव मल्होत्रा, पुष्पा वर्मा, वीजा संत, फिरोज, बीरबल, रजा मुराद, आ सोना बत्रा खस किरदार में बावे लोग. गीत साहिल सुल्तानपुरी के लिखल हवे आ संगीत दिहल हऽ इकबाल दरबार के. छायाकार हउवें मंसूर शेख.

Ajay Dixit and Vibhuti Trivedi in Najariya Tohse Lagi

नजरिया तोहसे लागी के प्रदर्शन अगिला महीना नवम्बर में होखे जा रहल बा. अजय दीक्षित के कहनाम बा कि फिलिम बहुते बढ़िया बनल बा आ देखनिहारन के खूब निमन लागी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त, मुंबई आ पटना से