भोजपुरिया काजोल गुंजन पंत

भोजपुरी फिल्मोद्योग में आजकल गुंजन पंत सबका जुबान पर बाड़ी. जीतेश दुबे के बृजवा साइन कइला का बाद से एह नायिका का लगे फिलिमन के कतार लाग गइल बा. करीब करीब हर बड़का बैनर का फिलिमन में गुंजन पंत खास किरदार कर रहल बाड़ी.

Gunjan Pant

१६० सेण्टीमीटर के गुंजन पंत भोजपुरी के मशहूर निर्देशक असलम शेख के निर्देशित आ भोजपुरी के चर्चित फिलिम परिवार में अपना अभिनय से देखेवालन के दिल में आपन नाम गुंजा दिहले रहली आ अब अभय सिन्हा के फिलिम चन्दू के चमेली में आपन जलवा बिखेरे जा रहल बाड़ी.

गुंजन पंत कई गो टीवी धारावाहिको में किरदार निभा चुकल बाड़ी. जइसे कि बालाजी टेलीफिल्म्स के करम अपना अपना का साथही कहीं न कहीं, चाचा चौधरी, चौदह फेरे, चंद्रमुखी, कल्पना, आ गंगा जमुना के नाम प्रमुखता से लिहल जा सकेला.

गुंजन के आवे वाली फिलिमन में निर्देशक के॰डी॰ के फिलिम बलिदान, प्यार में तोहरे उड़े चुनरिया, आ निर्देशक जगदीश शर्मा के फिलिम मार देब गोली केहू ना बोली खास बाड़ी स. प्राण जाय पर पिरितिया ना जाये में गुंजन प्रमुख भूमिका कर रहल बाड़ी.

भोजपुरी के दिग्गज निर्माता लोग के गुंजन में माधुरी दीक्षित आ काजोल जइसन चुलबुलापन लउकऽता आ गुंजन के सफलता के राज एही के कहल जा सकेला.


स्रोत : मुंबई से शशिकान्त सिंह