संजय पाण्डे के जोरदार वापसी

कहिया डोली ले के अइबा से ले के गब्बर सिंह तक करीब एक दर्जन भोजपुरी फिलिमन में खलनायक के रोल कइला का बाद संजय पाण्डे करीब दू साल ले कवनो भोजपुरी फिलिम ना कइलें. एह बीचे ऊ बालाजी टेलीफिल्म्स के धारावाहिक करम अपना अपना आ दूरदर्शन पर देखावल जा रहल रानी मुखर्जी के धारावाहिक किसी की नजर ना लगे में व्यस्त रहलें.

Sanjay Pandey

दू साल बाद राजकुमार पाण्डेय निर्देशित दिवाना से संजय पाण्डे के जोरदार वापसी भइल आ अब ऊ भोजपुरी के सबसे व्यस्त खलनायकन में गिनल जा रहल बाड़े. खलनायकिये ना, कुछ फिलिमन में उनकर किरदार सकारात्मको छवि वाला बा.

संजय पाण्डेय के आवे वाली फिलिमन में से 'बवाल करे छेदिया' एही महीना रिलीज होखे जा रहल बा जवना के हीरो बाड़े बाली. राजकुमार पाण्डे निर्देशित 'सात सहेलियां', 'देवरा बड़ा सतावेला', शाद जी निर्देशित 'त्रिनेत्र', अमर देवगणे के 'बिल्लोरानी नौटंकीवाली', आ जीतेश दुबे के 'बृजवा' के शूटिंग चल रहल बा.

सिनेमा हस्ती लोग कह रहल बा कि अगिला साल संजये पाण्डे के रही. आ खास बात ई बा कि संजय के किरदार हर फिलिम में एक दूसरा से अलगा तरह के बा.


स्रोत मुंबई से शशिकान्त सिंह