जूनियर निरहुआ इन डिमाण्ड

अपना पहिलके फिलिम चलनी के चालल दुल्हा के हिट हो गइला का बाद से जूनियर निरहुआ प्रवेशलाल यादव का लगे सिनेमा के झड़ी लाग गइल बा. अभय सिन्हा के निर्माण परिवार रिलीज होखेवाल बा ऍ ऊ दू गो अउरी फिलिम साइन कर चुकल बाड़न. एगो हऽ प्रसिद्ध निर्देशक असलम शेख के तू ही मोर बलमा जवना में उनका साथ दू गो टॉप हीरोइन बा लोग आ दुसरकी हऽ अभय सिन्हा के करण अर्जुन जवना के निर्देशन हैरी फर्नाण्डीज करे जा रहल बाड़न.

Junior Nirahua with Shubhi Sharma in Chalani Ke Chaalal Dulha

एह दू गो बड़ बजट वाला फिलिम पा के प्रवेश बहुते उछाह में बाड़े. बकौल प्रवेश ई सब देखे वालन के प्यार हऽ कि ऊ लोग हमरा पहिलके फिलिम के सफलता के स्वाद चखा दिहल. कहलन कि ऊ वइसने फिलिम साइम करत बाड़े जवना के कहानी में दम बा आ जवन उनका पर जँचत बा.


स्रोत : मुंबई आ पटना से प्रशान्त निशान्त.