एही चलते निरहुआ बावे नम्बर वन

भोजपुरी सिनेमा के जुबली स्टार किंग दिनेश लाल यादव निरहुआ के एक्शन सीन के त जबाबे ना होला. सीन चाहे कतनो खतरनाक होखो निरहुआ खुद अपने ओह सीन के करे ले. बाकि पिछला दिने हैदराबाद में जवन भइल तवना के देख के ओहिजा मौजूद सगरी लोग कह उठल ‍ एही से नू बा निरहुआ नम्बर वन!

Nirahua No.1 with Pakhi Hegde

रउरा जानल चाहब कि आखिर भइल का ओहिजा त चलीं बताइये देत बानी. करीब एक महीना पहिले हैदराबाद में एगो खतरनाक स्टंट सीन का दौरान निरहुआ के गोड़ के हड्डी टूट गइल आ ओकरा बाद उनका पूरा एक महीना ले कैमरा से दूर रहे के पड़ल. एह चलते भोजपुरी सिनेमा के रिलीजींग जायका खराब हो गइल.बाकिर पिछला दिने जब ऊ ठी कहो के फेर से शूटिंग पर चहुँपलन आ उहे सीन करे के मौका आ गइल त फेर एक्शन करे के तइयार हो गइलन. फाइट मास्टर रमना के लाख मना कइला का बादो ऊ बिना डुप्लीकेट के आ बिना रीटेक के ओह सीन के पूरा कर देखवलन. आ जब सीन ओके करत निर्देशक राधाकृष्ण कट कहलन त सबकेहू खुशी से झूम उठल.

निरहूआ नम्बर वन नाम के एह फिलिम में निरहुआ के किरदार एगो एक्शन पैक नायक के बा आ अपना एक्शन से निरहुआ साउथो का निर्माता निर्देशकन का बीचे चर्चित हो गइल बाड़न.


स्रोत : मुंबई आ पटना से प्रशान्त निशान्त.