झारखण्ड से उगल पहिलका सितारा शुभम तिवारी

सिनेमा का परदा पर अब झारखण्डो के धमक सुनाई दीहि. जइसे क्रिकेट का दुनिया में झारखण्ड के नाम महेन्द्र सिंह धोनी रोशन कर रहल बाड़न ठीक वइसहीं सिनेमा का दुनिया में झारखण्ड के नाम रोशन करे भोजपुरी सिनेमा कानून हमरा मुट्ठी में में मुख्य नायक बन के आ रहल बाड़े शुभम तिवारी

Shubham Tiwari

शुभम झारखण्ड के अकेला अभिनेता बाड़े जे मुख्य नायक बन के कवनो फिलिम में नजर अइहें. खरिहान से उठ के फिल्मी अखाड़ा तक चहुँपल शुभम तिवारी अपना फिलिम कानून हमरा मुट्ठी में से बहुते उत्साहित बाड़े आ कहत बाड़े कि भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन का साथे उनकर जोड़ी दर्शकन के बिहार, यूपी, आ झारखण्ड के सोन्ह गमक इयाद दिलाई.

शुभम के जनम झारखण्ड के गढ़वाँ जिला के एगो छोटहन गाँव करुवा कलां में भइल रहुवे. लड़िकाइयें से भक्ति भाव के शौकीन रहलन. पढ़ाई लिखाई नागपुर में भइल आ ओहिजे से सिविल इंजीनियर बनलन. शुरुवे से कुछ खास करे के मन में रहे आ स्कूल कालेज में मंच पर प्रोग्राम देत रहलन. शुभम के नैसर्गिक प्रतिभा देख के उनकर बड़ भाई सोनू त्रिपाठी आ हरेन्द्र त्रिपाठी सलाह दिहले आ अपना महतारी बाबूजी से आशीर्वाद ले के शुभम मुंबई में किस्मत आजमावे आ गइलन आ स्टेज शो करे लगलन.

एही बीचे यूडी मूवी आ श्रीराम लखन प्रोडक्शन में बन रहल कानून हमरा मुट्ठी में में रविकिशन का साथे मुख्य भूमिका में काम करे के मौका मिल गइल शुभम के. शुभम तिवारी किसान परिवार से आवेलन आ अपना माटी से जुड़ल इन्सान हउवन. बहुते सीधवा, खुशमिजाज आ मृदुल बोली वाला शुभम से पुछनी कि आगा चल के का करे के बा? त जबाब मिलल कि जइसे क्रिकेट में धोनी चमकल बाड़े वइसहीं सिनेमा में हम चमकल चाहेम.

लागल रहऽ शुभम. एक न॓ एक दिन तोहार मनोकामना जरुरे पूरा होखी.


स्रोत : मुंबई से शशिकान्त सिंह