किसना कइलस कमाल के भव्य मुहुर्त

लेखक निर्देशक चुनमुन पंडित के नयकी फिलिम किसना कइलस कमाल के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई का दीप आडियो वर्ल्ड में प्रसिद्ध गायक उदित नारायण का आवाज में गावल गाना के रिकार्डिंग का साथे कइल गइल. अशोक घायल का संगीत निर्देशन में उदित नारायण समा बाँध दिहलें. फिलिम के दोसर गीत मो॰अजीज, पामेला जैन, इन्दु सोनाली, सायरा खान, अमर आनन्द, आ मनोज मधुकर का आवाज में रिकार्ड कइल जा रहल बा. कुल आठ गो गाना बाड़ी स एह फिलिम में जवना के झुन्नू अंचल लिखले बाड़न.

Muhurt of Kisna Kamal Kaeelas

निर्माता लक्ष्मण आर पाण्डेय के फिलिम के एह संगीतमय मुहुर्त पर उनका के आशीर्वाद देबे भोजपुरी के वरिष्ठ कलाकार राकेश पाण्डेय खास कर के आइल रहलन. मुहुर्त के श्रीगणेश करे वाला नारियल भोजपुरी सिनेस्टार विनय आनन्द फोड़लन.

फिलिम के लेखक आ निर्देशक चुनमुन पंडित बतवलें कि किसना कइलस कमाल एगो पारिवारिक फिलिम हऽ जवना में एक्शन भरपूर मात्रा में बा. गाँव के सोझबउक लड़िका किसना जब शहर चहुँपत बा त शहर वाले ओकर हँसी उड़ावत बाड़े. फेर समय का साथ किसना अपना के ओही साँचा में ढाल लेत बा आ ओह साँचा में ढलला का बाद किसना का का करत बा इहे कहानी बा किसना कइलस कमाल के.

किसना के भूमिका विनय आनन्द कर रहल बाड़े आ उनका बाबूजी का रुप में बाड़े राकेश पाण्डेय. अक्टूबर का आखिरी हफ्ता में एकर शूटिंग शूरु होखी जवन बलिया, बक्सर, आ वाराणसी का लोकेशनन पर करावल जाई.


स्रोत : संजय भूषण पटियाला मुंबई से