साँवरिया तोहरे प्यार में

बहुत कमे फिलिम होखेली स जवन दिल के छू लऽ सँ. बाकि भोजपुरी फिलिम साँवरिया तोहरे प्यार में का बारे में जाने वाले बतावत बाड़े कि ई फिलिम निश्चिते सबका दिल पर राज करी.

Muhurt of Savariya Tohre Pyar Mein

निर्माता सीबी त्रिपाठी आ सुरेश सिंह के एह फिलिम के मुहुर्त पिछला दिने भायंदर में बनल आलीशान रिकार्डिंग स्टूडियो वी एस स्टूडियो में भइल त सबकर चउँकल लाजमी रहे. काहे कि पहिला बेर भयंदर का कवनो स्टूडियो में अतना बड़ फिलिम के मुहुर्त होत रहे. रामपाल सिंह निर्देशित एह फिलिम साँवरिया तोहरे प्यार में के नारियल फोड़े के काम चर्चित निर्माता एसएस ललित कइलन.

मुहुर्त का मौका पर अभिनेता अवधेश मिश्र, बिपिन बहार, बीरेन्द्र गुप्ता, कंचन जे बोरा, धर्मेन्द् राय, डॉली यादव, नबी खान, रोशन सिंह वगैरह समारोह के शोभा बढ़ावे चहुँपल रहन. गीतकार बिपिन बहार, राजेश मिश्रा, अरविंद तिवारी आ श्याम देहाती के लिखल गीतन के संगीत से सजवले बाड़े संगीतकार अमन श्लोक. फिलिम के कैमरा मैन बाड़े प्रमोद पाण्डे.

डिवाइन सीएसटी का बैनर तर बन रहल एह फिलिम में मुख्य भूमिका निभावे वालन में अखिलेश शुक्ला आ कुणाल सिंह के नाम बा. बाकी लोगन केनाम तय हो रहल बा. फिलिम के शूटिंग अगिला महीना से वाराणसी में होखे जा रहल बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह मुंबई से