विनय आनन्द बाँटत बाड़न सोना के कंगन

विनय आनन्द के का कहल जाव? आजुकाल्हु ऊ अपना हीरोइनन के इंप्रेस करे में लागल बाड़े आ उहो तनि अलगा तरीका से. ऊ अपना हीरोइनन के सोना के कंगन बाँटत बाड़े. सुने में अचरज लायक बात भले लागो बा ई साँच बात. उनकर पाकिट चेक कर लीं त ओहमें सोना के एकाध गो कंगन जरुरे भेंटा जाई.

Vinay Anand with gold bracelet

अबहियों बात ना समुझनी? त लीं बताइये देत बानी. आजुकाल्ह विनय आनन्द एगो फिलिम कर रहल बाड़े, बृजवा, जीतेश दुबे के एह फिलिम का शूटिंग का दौरान ऊ फिलिम के नायिका गुंजन पंत के सोना के कंगन भेंट कइले. सीन ओके भइल त चारो ओर ताली गूंज उठल. फेर का रहे, ताली से प्रभावित विनय आनन्द कई गो हीरोइनन के सोना के कंगन पहिरा दिहलन.

जब विनय आनन्द से एह बाबत पुछल गइल त शरमा उठलन आ कहलन रउरो लोग के ई फिल्मी कहानी पता चल गइल! आजु तकले कबो केहू के खरीद के पहिरवले बाड़े कि ना, पुछाइल त कहलन कि हँ एक हालि अपना महतारी के सोना कें कंगन जरुर दिहले रहले आ रील लाइफ के नायिका ना बलुक उनका रियल लाइफ के नायिका उनकर पत्नी हई.

सही कहलऽ विनय आनन्द! एकरे चलते कहल जाला सीधवा विनय आनन्द!


स्रोत : मुंबई से शशिकान्त सिंह

विनय आनन्द के भइल २९ गो बिआह

Chronic Bridegroom Vinay Anand

भोजपुरी स्टार विनय आनन्द बिआह का मामिला में रिकार्ड तूड़ दिहले बाड़न आ एगो दू गो ना, पूरा २९ बेर उनकर बिआह हो चुकल बा. हिन्दी फिलिमन के टॉपमोस्ट नायिका तब्बू, ईशा कोप्पिकर आ पूजा बत्रा का माँग में सेनूर त डललही बाड़न भोजपुरी के मदमस्त कर देबे वाली हीरोइन मोनालिसा, रानी चटर्जी, लवी रोहतगी, प्रतिभा पाण्डे, आ दिव्या देसाई समेत कुल २९ गो हीरोइनन का मांग में सेनूर भर चुकल बाड़न विनय आनन्द.

अबहियों ना समुझनी? असल में माजरा ई बा कि अबले विनय आनन्द तीस गो फिलिम में काम कइले बाड़न जवना में से २९ गो में उनकर बिआह नायिका से हो जात बा. दिल ने फिर याद किया में तब्बू से बिआह कइलन त आमदनी अठन्नी खर्चा रुपैया में ईशा कोप्पिकर का माँग में सेनूर भरलन. अब रउरे बताईं बा कवनो दोसरा हीरो का नाम अतना नायिका का मांग में सेनूर डाले के रिकार्ड?


स्रोत : मुंबई से शशिकान्त सिंह