केकर सईयां बनिहें पवन सिहं

पिछला दिने मुंबई का एगो स्टुडिया में भोजपुरी फिलिम सईयां का साथ मड़ईया में के मुहुर्त करावल गइल. बतौर मुख्य नायक एह फिलिम में पवन सिंह के साइन कइल गइल बा. निर्माता संदीप श्रीवास्तव बतवलें कि निर्देशन राजकुमार पाण्डेय करीहें. हीरोइन के चुनाइल बाकी बा. एहसे पवन सिंह केकर सइयां बनीहें ई आगा चल के पता चली.

Sandeep and Pawan Singh

निर्माता संदीप श्रीवास्तव एकरा खातिर कवनो नया चेहरा तलाश कर रहल बाड़े काहे कि आजु का सगरी भोजपुरी हीरोइनन का साथ पवन सिंह आ चुकल बाड़न भा आ रहल बाड़न. पवन सिंह के मोनालिसा का साथे कई गो फिलिम आ रहल बाड़ी स. रुबी सिंहो का साथ उहे हाल बा. रानी चटर्जी का साथ त उनकर जोड़िये मशहूर हो गइल बा. पाखी हेगडे आ स्वाति वर्मो का साथो ऊ आइये रहल बाड़े.

संदीप इहो कहलन कि ई पूरा तरह से मसाला फिलिम होखी जवना में पवन सिंह एगो नया अंदाज में सामने अइहें. आ कवन हीरोइन एह फिलिम में पवन सिंह के सजनिया बनी इहो जल्दिये मालूम हो जाई.


स्रोत : मुंबई से मो॰खालिद