भोजपुरी फिलिम जिनिगी से जुड़ल होली स, कहलन विनय आनन्द

भोजपुरी सिनेमा के जमल जमावल स्टार विनय आनन्द एने फेर से चर्चा में बाड़न. आ कारण बा जीतेश दुबे के बहुचर्चित फिलिम बृजवा. एह फिलिम में अतना एक्शन बा कि प्रदर्शन का पहिलही से एकर चर्चा होखल शूरु हो गइल बा आ जे फिलिम के बनत देखले बा ऊ कहत बा कि विनय आनन्द गजब के एक्टिंग कइले बाड़न एहमें. जीतेश दुबे विनय का काम का बारे में एके शब्द में बहुत कुछ कह गइलें - ब्रिलिएन्ट!

Vinay Anand

विनय आनन्द निर्देशक के कलाकार हउवन आ उनका खूब मालूम बा कि का करे के बा. भोजपुरी सिनेमा में विनय आनन्द के स्टारडम के एगो अलगे जगहा बा. हिन्दी में जवन बात राजेन्द्र कुमार में रहे, दिलीप कुमार-देवानन्द-राजकपूर से अलग हट के, उहे बात विनय आनन्दो में बा. जइसे राजेन्द्र कुमार कवनो पचड़ा में पड़ला बिना हिट फिलिम देत रहलें आ जुबली कुमार बनल रहले, कुछ ओही तरह विनय आनन्दो रविकिशन-मनोज तिवारी-दिनेशलाल यादव निरहुआ से बिना टकरइले अपने बल पर देत रहेले हिट पर हिट फिलिम. 'चाचा भतीजा', 'माटी के सौगंध', 'हम हईं गँवार' जइसन फिलिम विनय आनन्द के सुपर स्टारो से अलगा एगो कॉमन पब्लिक स्टार बना दिहलन स. उनका लोकप्रियता के आलम ई बा कि महज चार साल में ऊ दू दर्जन फिलिम कर डललें. अबहीं हाल में ऊ जीतेश दुबे के फिलिम बृजवा पूरा कइले बाड़न, चुनमुन पंडित के निर्देशन में बनत 'किसना कइलस कमाल' का मुहुर्त पर दीप आडियो में विनय आनन्द से मुलाकात भइल आ ओही बातचीत के अंश एहिजा दिहल जा रहल बा...

किसना कइलस कमाल में का करत बानी आप?

ई लक्षमण पाण्डेजी के फिलिम हऽ जवना के लेखक आ निर्देशक हउवन चुनमुन पडित. अशोक घायल का संगीत निर्देशन में उदित नारायण जी फिलिम के पहिला गाना गा रहल बानी. एहमें किसना के भूमिका में हम बानी आ हमार बाबूजी का भूमिका में राकेश पान्डे. किसना कइलस कमाल एगो पारिवारिक फिलम हऽ. किसना गाँव के सोझुवा लड़िका ह, जे जब शहर में आवत बा त लोग ओकर मजाक बना दे ता. एहसे उबिया के किसना एगो कठोर फैसला करत बा आ अपना के बदल डालऽता. एह बदलाव का बाद ओकर मजाक उड़ावे वालन के मुँह बन्द हो जात बा.

बृजवो त पूरा हो गइल बा, कुछ ओकरो बारे में ?

बृजवा त साँचहू कमाल के फिलिम बा, एहमें जवन स्टंट एक्शन देखावल गइल बा वइसन अबले कवनो दोसरा भोजपुरी फिलिम में नइखे. एह फिलिमो के नाम एकरा नायक पर ना बलुक खलनायक पर बा. बृजवा बनल फूल सिंह के आतंक अपना चरम पर बा जब एगो कालेजिया लड़िका गाँवे लवटत बा. ओह लड़िका के किरदार हम कइले बानी. हमार साथी बाड़न सुदीप पांडे आ नया कलाकार दीपक दूबे. साथ में बा लोग गुंजन पंत, साधिका रंधावा, दिव्या द्विवेदी, कल्पना शाह आ रिया. मंजुल ठाकुर का निर्देशन में बनल ई फिलिम 'गजनी' के याद ताजा कर दिही.

भोजपुरी फिलिम समझदार होखे लागल बाड़ी स. आपके एकर भविष्य कइसन लागत बा?

अरे भईया, भोजपुरी सिनेमा आ विनय आनन्द दुनु के भविष्य एकदमे टकाटक बा. भोजपुरी सिनेमा के एगो बाजार बन गइल, उद्योग बस गइल, अब के हिला दिही एकरा के? हमरे बात ले लीं. महज चार साल में चौबीस गो फिलिम कर दिहनी.

त का अब भोजपुरिये में जमल रहे के इरादा बा?

जमल त रहेम. काहे कि जवन इंडस्ट्री हमरा के अतना मान सम्मान पहचान आ पइसा दिहलस ओकरा के त हम छोड़िये ना सकी. ईश्वर का कृपा से भोजपुरिये में अतना काम बा हमरा लगे कि हिन्दी फिलिमन खातिर हाँ ना कर पाईं.

कुछुओ कह लीं, भोजपुरी फिलिमन में नंगईओ कमत नइखे?

नंगई हइये नइखे भोजपुरी सिनेमा में. तनी कुछ लटका झटका वाला सीन में कबो कबो कुछ झलक जाला. बाकिर हिन्दी सिनेमा त चोलिये जंघिया में बात करे लागेली स. हॉलीवुड के बात करीं त ओहिजा त देह पर कपड़ा खोजे के पड़ेला. हँ भोजपुरी में दुअर्थी संवाद जरुरे होला. आइटम गीतन में आ कबो कबो रोमांटिको गीतन में फूहड़पन लउक जाला. उमीद कइल जा ला कि धीरे धोरे एहमें सुधार आ जाई.

अपने के आवेवाली फिलिम?

'बृजवा' आ 'किसना कइलस कमाल' के त बाते करत रहनी हँ स. एकरा अलावे 'के बनी दुल्हा', 'मोरा बलमा छैल छबीला', आ 'चुटकी भर सिन्दुर' आ रहल बाड़ी स.

रउरा अपना फिलिमन में से कवन फिलम सबले नीमन लागल?

'हम हईं गँवार'. ओकरा बाद नाम लिहल जाव त 'चाचा भतीजा' आ 'माटी के सौगन्ध'.


स्रोत : शशिकान्त सिंह