भोजपुरी के स्टार गीतकार विनय बिहारी के नाम लिमका बुक में

जबसे भोजपुरी सिनेमा के तूफान उठल बा तब से पता ना केतना गीतकार संगीतकार अइलन आ बँड़ेरा में उधियात गइलन. बाकिर विनय बिहारी सब पर भारी पड़लन. सफलता उनकर गोड़ चूमत बिया आ किस्मत उनका के बुलंदी का चोटी पर बईठा दिहले बा. अइसन ना कि उनका राह में कवनो बाधा ना आइल, बाकि कवनो बाधा बान्ह ना पवलसि उनका के, आ आपन राह ऊ अपना योग्यता से आसान बना लिहलन.

Vinay Bihari, famous Bhojpuri Lyricist

आजु भोजपुरी सिनेमा के लगभग हर निर्माता आ निर्देशक चाहेला कि विनय बिहारी के नाम ओह लोगन का फिलिमो से जुड़ जाव. गीतकार का रुप में विनय बिहारी के नाम फिल्मी पोस्टरन पर सिनेमा के वितरकन का साथे साथ दर्शकनो के चहेता बन गइल बा. मिलनसार आ मृदुल सुभाव के धनी प्रसिद्ध गीतकार विनय बिहारी हाल का दू महीना में साठ गो फिलिम साइन कइले बाड़न. कहे क मतलब रोज एगो नया फिलिम का रफ्तार से! कहल जाला कि उपर वाला जब देला त छप्पर फाड़ के आ आजुकाल्ह विनयबिहारीओ का साथे कुछ कुछ अइसने हो रहल बा.

विनय बिहारी अब ले अढ़ाई सौ फिलिमन खातिर गीत लिख चुकल बाड़े आ एगारह गो में संगीतकारो के फर्ज निभवले बाड़न. पन्द्रह गो फिलिमन के कहानी आ संवाद लिखले बाड़न आ नौ गो में अभिनयो कइले बाड़न. एह सब उपलब्धि खातिर उनकर नाम लिमका बुक आफ वर्ल्ड रिकार्ड्स खातिर चुने पर काम चल रहल बा. अतना शानदार रिकार्ड त कवनो हिन्दीओ गीतकार का लगे ना होखी.

विनय बिहारी के फिलिमन में एह साल के सबसे बड़ बजट वाली फिलिम सिन्दूरदान अगिला हफ्ता ६ नवम्बर के बिहार के अस्सी गो सिनेमा हालन में एक साथ रिलीज होखे जा रहल बा. ईहो एगो पहिलका मौका होखी जब कवनो फिलिम के अतना प्रिंट बिहार में जारी भइल होखी.


स्रोत : संजय भूषण पटियाला.