दुनिया के हँसावल हमार सपना बा, कहलन देव पांडेय

Dev Pandeyभोजपुरी सिनेमा के कहानी अकसरहा परिवार भा बाहुबलियन पर आधारित रहेला. बाकिर एने एगो फिलिम पहिलका बेर अइसन आइल कि दर्शक देख के हँसत हँसत लोटपोट हो गइले. खटाईलाल मिठाईलाल नाम के ई फिलिम बिहार, यूपी, आ पंजाब में झंडा फहरवला का बाद अगिला ६ नवम्बर के मुंबई में रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिलिम के निर्देशक देव पांडेय से भइल बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जा रहल बा...

Khatailal Mithailalआज जब पारिवारिक आ माफियावी फिलिमन के जमाना बा त रउरा कॉमेडी काहे चुनली?

हम बरिसन से फिलिम इंडस्ट्रीज में सहायक निर्देशक का रुप में काम करत रहीं. मन में तमन्ना रहे कि कबो अपनहूं फिलिम बनाईं. रविकिशन आ अभय सिन्हा हमार हौसला बढ़वले आ हमार सपना साँच हो गइल. रहल बात खटाईलाल मिठाईलाल के त हम हमेशा सोचत रहीं कि हमार फिलिम कुछ अइसन होखो कि देखेवाला हँसत बाहर निकलस आ साथहीसाथ कुछ सीखबो करस. हँसी हँसावत दिहल संदेश गहिरा असर करेला.

Khatailal Mithailalएह फिलिम में का संदेश बा?

आज अपना देश में अइसना लाखों बुजुर्ग बाड़े जे भरल पूरल परिवार का बावजूद लाचार बाड़े आ वृद्धाश्रम में रहत बाड़े. हमरो गाँव मे हमार दादाजी एगो वृद्धाश्रम बनवले रहलें. हमरा ओहि से प्रेरणा मिलल आ लेखक सुरेन्द्र मिश्रा ओकरा के खुबसूरत बना दिहले.

कवना रुप में कॉमेडि पेश कइल गइल बा एह फिलिम में?

जइसन कि नामे से जाहिर होत बा एह फिलिम में दू गो दोस्त खटाईलाल बनल रविकिशन आ मिठाईलाल बनल विनय आनन्द बाड़न जे मुंबई अइला पर ठगी के शिकार हो जात बाड़े आ बाद में खुदे ठग बन जात बाड़े. एह दुनु के कारनामा देखेवालन के रोमांचितो करी आ हँसइबो करी. ऊ दुनु गरीब जरुरतमंदन के मददो करीहें स. एकरा अलावे एहमें सुशील सिंह पुलिस अधिकारी का भूमिका में बाड़े जे बबली आ बंटी वाला अमिताभ बच्चन जइसन व्यवहार करेला. साथ में बा लोग मोनालिसा, लवी रोहतगी आ बृजेश त्रिपाठी.

Khatailal Mithailalराउर अगिलका फिलिम चंदू के चमेली ओ के खूब चर्चा बा. कवना तरह के बा ई फिलिम?

चंदू के चमेली एगो कॉमेडी फिलिम हवे जवना में रविकिशन आ साधिका रंधावा के जोड़ी बा आ दुनु के डबल रोल बा. फिलिम जल्दिये रउरा लोगन का सोझा आई. एहसे बेसी आजु ना बता पाएम. अपना एह दुनु फिलिमन खातिर हम अभय सिन्हा आ रविकिशन के खास शुक्रगुजार बानी.


स्रोत : मुंबई से उदय भगत