सुदीप पाण्डेय पांच गो फिलिम बनावे जात बाड़े

भोजपुरी फिलिमन के एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय अपना होम प्रोडक्शन कंपनी रामजी फिल्म्स का बैनर से पांच गो नया फिलिम बनावे के घोषणा कइले बाड़े. भोजपुरी फिलिम नौकर, बगाव, कुरबानी एक दूजे के लिये आ लव स्टोरी में से नौकर के निर्माण एही महीना का अन्त में शुरु कर दिहल जाई जवना के फणि राज निर्देशन करीहें.

Sudip Pandey with Arti Agrawal

मुख्य किरदारन में सुदीप पाण्डेय आ आरती अग्रवाल के जोड़ी रही. बाकि कलाकारन के चुनाव तेजी से कइल जा रहल बा. बतावत चलल जाव कि सुदीप पाण्डेय के प्रोडक्शन कंपी एहसे पहिले भोजपुरिया भईया आ भोजपुरिया दरोगा जइसन फिलिम बना चुकल बिया.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त