छह गो कंपनियन के ब्राण्ड एम्बेसडर मनोज तिवारी

Manoj Tiwari Mridul

भोजपुरी सिनेमा के महानायक मनोज तिवारी अब एगो अउरी रिकार्ड बना दिहले बाड़े. भोजपुरी के ऊ अकेला कलाकार हउवन जे छह गो बड़ बड़ कंपनी के ब्राण्ड एम्बेसेडर बनावल गइल बा. बजाज जइसन मशहूर कंपनी के ब्राण्ड एम्बेसेडर मनोज तिवारी बिस्कुट, टीएमटी सरिया, मोबाइल, मसाला, आ तेल उत्पादक कंपनीओ के ब्राण्ड एम्बेसेडर बनावल गइल बाड़े. एह बारे में बतियवला पर मनोज तिवारी कहलन कि ऊ ओही कंपनियन के ब्रांड प्रोमोट करे लें जवना पर उनका खुद के भरोसा रहेला.

पुछला पर कि कइसे अतना कंपनी उनके के चुनले बा त कहलें कि कंपनियन के चाहीं भोजपुरी दिल में धड़के वाला चेहरा आ व्यक्तित्व आ ओह लोग के मनोज तिवारी सबले बेहतरर बुझाइल होखिहन आ एहीसे ऊ कंपनी सब उनका के आपन ब्रांड एम्बेसेडर बनवले बाड़ी स.


स्रोत : शशिकान्त सिंह