बतासा चाचा अब सेक्सी लुक में

लोग के हँसा के लोटपोट करवा देबे वाला बताशा चाचा, माने कि मनोज टाइगर अब जल्दिये रउरा सभे के सेक्सी लुक में लउकिहन. मूवी मुगल का नाम से चर्चित डी॰रामानायडू के भोजपुरी फिलिम शिवा में ऊ एगो खूबसूरत लड़की का भूमिका कर रहल बाड़े. साथ में बाड़न दिनेशलाल यादव निरहुआ. अपना एह फिलिम से मनोज टाइगर बहुते खुश बाड़े आ कहतारे कि ऊ जब लड़की के रूप में आइना में देखले त अपनही अचंभित हो गइलन. कई लोग त उनका के साँचहू लड़किये समुझे लागल.

Manoj Tiger with Nirahua and Ramanaidu on the sets of Shiva

वइसे बतावत बानी कि मनोज टाइगर अब कई गो भोजपुरी फिलिमन में सोलो हीरो माने कि अकेला नायक बन के आ रहल बाड़े जवना में सबले बेसी उमेद उनका अपना बतासा चाचा से बा. मनोज टाइगर जुनियर निरहुआ का साथे तू ही मोर बालमा बनके नजर आवे वाला बाड़न जवना के निर्देशित करीहें असलम शेख.

टाइगर आजुकाल्ह हैदराबाद के रामाजी राव स्टूडियो में डी रामानायडू के फिलिम के शूटिंग में व्यस्त बाड़े. कहल जा रहल बा कि मूवी मुगल रामानायडुओ मनोज टाइगर के काम देख के बहुते प्रभावित बाड़े.


स्रोत : शशिकान्त सिंह मुंबई से.

बतासा चाचा अब जूनियर निरहुआ का साथ

Manoj Tiger

दिनेशलाल यादव निरहुआ का साथे कई गो फिलिम में काम कर चुकल बतासा चाचा माने कि मनोज टाइगर अब रउरा लोगन के जूनियरो निरहुआ का साथे दिखाई पड़िहन. जवना फिलिम में ई दुनु जने आ रहल बाड़े ओकर नाम बा तू ही मोर बालमा.

तू ही मोर बालमा के निर्माण रितेश ठाकुर कर रहल बाड़े आ निर्देशक बारे असलम शेख. बिदाई आ परिवार जइसन माइंड ब्लोविंग फिलिम दे चुकल असलम शेख का साथ मनोज टाइगर आ प्रवेशलाल यादव जूनियर निरहुआ के ई दोसरका फिलिम होखी. फिल्म के संगीत धनंजय मिश्रा के हऽ आ गीत लिखले बाड़े विनय बिहारी.

जीतेश दुबे आ रितेश ठाकुर के एह फिलिम तूही मोर बालमा के लेके मनोज टाइगर बहुते उत्साहित बाड़े आ कहले कि दर्शकन के ई फिलिम ताजगी के अहसास दिलाई आ जूनियर निरहुआ आ बतासा चाचा के जोड़ी ओह लोग के हँसा हँसा के लोटपोट कर दीहि.

आकाश फिल्म्स इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल एह फिलिम के कहानी असलम शेख अपनही लिखले बाड़न.संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के लिखल हऽ जबकि पटकथा मनोज हंसराज के. नृत्यनिर्देशन पप्पू खन्ना के बा. तू ही मोर बालमा फिलिम जल्दिये सेट पर जाये वाली बा.


स्रोत : मुंबई से शशिकान्त सिंह