दिल तोहरे प्यार में पागल हो गइल

पिछला दिने मुंबई का फिल्म सिटी में भव्य फिलिम बनावे खातिर मशहूर इकबाल बख्श अपना नयका भोजपुरी फिलिम दिल तोहरे प्यार में पागल हो गइल के शूटिंग से ओकर शुरुआत कइलन. एह शूटिंग में अनारा गुप्ता आ नया सितारा सोम यादव पर एगो रोमांटिक गाना फिल्मावल गइल.

Som Yadav and Anara Gupta in Dil Tohare Pyaar Me Pagal Ho Gayeel

गाना फिलिमावे खाति गाँव के एगो भव्य सेट बनावल गइल रहे आ नृत्यनिर्देशक दिलीप मिस्त्री दू दर्जन डान्सरन का साथ एह गाना के बेहतरीन अंदाज में फिलिमवलन. जि नाइन इंटरटेनमेंट का बैनर में एह फिलिम के कमलेश यादव आ राजनारायण यादव बना रहल बाड़े, फिल्म का स्टारकास्ट में सोम यादव आ अनारा का अलावा सिकंदर खान, मनोज टाइगर, अवधेश मिश्रा, गोपाल राय, एयाज खान, रंधीर सिंह, आ जय सिंह शामिल बाड़न जा.

बतावत चलीं कि इकबाल बख्श के फिलिम हम हईं मुन्ना भईया प्रदर्शन खाति तइयार बा. सुशील सिंह आ अनारा गुप्ता अभिनीत एह फिल्म के भोजपुरी फिल्म जगत में बहुते चर्चा बा. एकरा अलावे एगो अउरी फिलिम अग्निकुण्ड एही महीना फ्लोर पर जाये वाली बा.


स्रोत : मुंबई से उदय भगत