महेश पाण्डेय के नया धमाल
जोड़ी लागे रे कमाल

श्री सिद्धिविनायक मीडिया इंटरटेनमेंट का बैनर में महेश पाण्डेय पेश कर रहल बाड़े भोजपुरी फिलिम जोड़ी लागे रे कमाल. जी हँ, गब्बर सिंह फेम के महेश पान्डेय एह फिलिम के निर्देशक ना हउवन बलुक प्रस्तुतकर्ता हउवन. फिलिम मंजुल ठाकुर का निर्देशन में बने जा रहल बा आ एकर निर्माता बाड़े मुकेश पाण्डेय. पिछला दिने ट्रायो डिजिटल रिकार्डिंग स्टूडियो में महेश पाण्डेय एह फिलिम के घोषणा कइलन आ साथही साथ मुहुर्तो सम्पन्न करावल गइल.

Muhurt of Jodi Lage Re Kamal

जोड़ी लागे रे कमाल पूरा तरह से व्यावसायिक आ मनोरंजक फिलिम होखी जवना में कामेडी भरल रही. महेश पाण्डे बतावत बाड़न कि ई फिलिम पूरा तरह से पूर्वांचल के गँवई परिवेश के आईना होखी जवना में एगो अइसन जोड़ी के कहानी बा जेकर बिआह बचपने में हो गइल रहत बा. समय का साथ हालात बदलत बा ओह लड़की से एगो दोसर लड़िका मोहब्बत करे लागऽता. एने ई लड़िका जब जवान होखत बा त ओकरा पता चलत बा कि ओकर एगो मेहरारुवो बिया जवना के ऊ चिन्हबो ना करे. ओने लड़की के कुछुवो मालूम नइखे. अब शुरु हो जात बा ओह लड़की खातिर ओकरा प्रेमी आ पति में शीतयुद्ध. कहानी बीच बीच में हँसी मजाक आ आंचलिकता के कई रंग लिहले आगा बढ़ल जात बा जवन दर्शकन के साफ सुथरा मनोरंजन खातिर जरुरी होला.

पवन सिंह एह भोजपुरी फिलिम जोड़ी लागे रे कमाल में मुख्य भूमिका करीहन, उनकर जोड़ी लगावे खातिर लड़की के तलाश हो रहल बा. पवन सिंह के पत्नी के प्रेमिका रहीहन संजय पांडे आ साथ में जे दोसर मुख्य कलाकार लोग रही ओहमें बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, बाल गोविन्द, विनोद मिश्र, प्रिया पाण्डेय आ पुष्पा वर्मा के नाम बा. नया नया आइल विनोद मिश्रा एह फिलिम से आपन फिल्मी कैरियर के शुरुआत कर रहल बाड़े.

विनय बिहारी के लिखल गीतन खातिर धुन तइयार कइले बाड़न राजेश गुप्ता आ कैमरा मैन बाड़े प्रमोद पाण्डेय. फिलिम के शूटिंग उत्तर प्रदेश का आजमगढ़ में होखे वाला बा.


स्रोत : मुंबई से शशिकान्त सिंह