शुरु हो गइल गंगा जमुना सरस्वती के निर्माण

आलोक कुमार के भोजपुरी मेगा स्टारर फिलिम गंगा जमुना सरस्वती के निर्माण के काम ओकरा मुहुर्त का साथे शुरु हो गइल बा. पिछला दिने मुंबई के कमालिस्तान स्टूडियो में एकर मुहुर्त आ पहिला सीन के शूटिंग कइल गइल. आलोक कुमार एह फिलिम के एलान पिछला साल बनारस का गंगा तट पर ईटीवी का फिल्म समारोह में कइले रहलें जब पहिला बेर कवनो स्टेज पर भोजपुरी के तीनो नक्षत्र - मनोज तिवारी, रवि किशन, आ दिनेशलाल यादव निरहुआ एक साथ मौजूद रहलें. ओहि दिने गंगा जमुना सरस्वती के एलान भइल रहे. तीनो स्टार के ले के फिलिम बनावे के एलान एगो हिम्मत के काम रहे आ अब एकर शुरुआतो.

Manoj Tiwari with Nirahua, Pakhii Hegde, and Sambhawna Seth at the muhurt of Ganga Jamuna Saraswati

गंगा जमुना सरस्वती के निर्माण अग्रणी आ सफल फिल्म निर्माता आलोक कुमार अपना फिल्म निर्माण कंपनी संजोगिता फिल्म्स का बैनर में अभय सिन्हा के यशी फिल्म्स का साथ संयुक्त रुप से कर रहल बाड़े. फिल्म के निर्देशन के काम बाक्स आफिस पर विधाता आ भूमिपुत्र जइसन हिट फिल्म देबे वाला हैरी फर्नाण्डिज कर रहल बाड़े.

Cast and crew of Ganga Jamuna Saraswati

मुहुर्त का दिने जवना सीन के शूट कइल गइल ओहमें भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी मृदुल, सुपर जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ, आ मशहूर अदाकारा पाखी हेगडे शामिल रहलें. फिल्म में मनोज तिवारी गंगा सिंह नाम के जेलर के भूमिका कर रहल बाड़े. निरहुआ सरस्वती चन्द्र प्रसाद का भूमिका करत बाड़े. रविकिशन जमुना का भूमिका में बाड़े.

Manoj Tiwariतीनो सुपर स्टारन का अलावहूं एहमें एक से बढ़ के एक कलाकार काम करीहें जवना में रिंकू घोष, मोनालिसा, मोनिका बत्रा, शक्ति सिन्हा, अवधेश मिश्रा, अनूप अरोड़ा, अनिल नागरथ, पृथ्वी सिंह, दीपक सिन्हा, के के गोस्वामी, संतोष श्रीवास्तव आ टीनू वर्मा के नाम शामिल बा. फिल्म के गीतकार प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती, संगीतकार राजेश रजनीश, छायाकार अकरम खान, नृत्यनिर्देशक पप्पू खन्ना आ कानू मुखर्जी, एक्शन मास्टर आरपी यादव, संपादक जीतेन्द्र सिंह जीतू आ संवादलेखक संतोष मिश्रा बाड़े. कार्यकारी निर्माता ब्रजेश कुमार आ विकास सिंह हउवें.

कहल जा रहल बा कि एह फिल्म के पुरनका गंगा जमुना सरस्वती से कवनो लेना देना नइखे. कहानी का बारे में अबहीं सस्पेंस बना के राखल बा. मनोज तिवारी बस अतने बतवलन कि उनकर भूमिका लोग के चउँका दी.


स्रोत : मुंबई से प्रशान्त निशान्त आ शशिकान्त सिंह से मिलल सामग्री का आधार पर