नवम्बर में गरदा गरदा हो जाई

भोजपुरिया स्टार विनय आर आनन्द आ उभरत सितारा संजय सिंह स्टारर भोजपुरी फिलिम गरदा गरदा कइले बाड़ू जबसे भइलू जवान तू अब बन के तइयार बा आ बिहार आ झारखण्ड के सिनेमाघरन में नवम्बर में गरदा गरदा करे आ रहल बा.

Vinay R Anand in Garda Garda Kaile Badu...

एमकेजी फिल्म्स प्रोडक्शन का बैनर में बनल एह रोमांटिक एक्शन फिल्म के निर्माण मुकेश कुमार कइले बाड़े आ निर्देशन कइले बाड़े मुकेश के॰देव के जोड़ी जे एकरा पहिले सुपरहिट फिलिम जाड़े में बलमा प्यारा लगे के निर्देशन कर चुकल बाड़े. फिल्म के प्रस्तुतकर्ता हउवें स्टार ड्रीम्स इंटरटेनमेंट प्रा॰लि॰.

एह फिलिम के मुख्य जोड़ी बा विनय आर आनन्द आ रानी चतुर्वेदी के जबकि संजय सिंह के साथ दिहले बाड़ी दिव्या द्विवेदी. साथ में बा लोग ब्रजेश त्रिपाठी, दिनेश चौधरी, ज्योति कोठारी, राम मिश्रा, तरुण बजाज, संतोष सिंह, दिव्यांशु नन्हे, भारतेन्दु विमल आ आयटम गर्ल सीमा सिंह.

मनोरंजन के हर मसाला से परिपूर्ण एह फिलिम के गाना संतोष सिंह लिखले बाड़े आ संगीत दिहले बाड़े अमर के॰ श्लोक. फोटोग्राफी हंसमुख राजपूत के हऽ आ संपादन जीतेन्द्र सिंह जीतू के, कार्यकारी निर्माता हउवें भरत सिंह आ सह निर्मात्री हई सुचित्रा जायसवाल.


स्रोत : मुंबई आ पटना से प्रशान्त-निशान्त