रंगबाज दारोगा कहे कानून हमरा मुट्ठी में

भोजपुरी सिनेमा दर्शकन के पहिला पसन्द अभिनेता रवि किशन के जलवा आजुकाल्ह पूरा शबाब पर बा. तबहिये त छठ का मौका पर बिहार में रिलीज भइल उनकर दुनु फिलिम रंगबाज दारोगा आ कानून हमरा मुट्ठी में सिनेमा घर का टिकट खिड़की पर धमाल मचवले बाड़ी स. आ एकरा के रविकिशन के डबल धमाल कहल जा रहल बा.

Ravi Kishan

बिहार झारखण्ड के ७५ गो सिनेमाघरन में रिलीज भइल ई फिलिम हर जगहा हाउसफुल हो रहल बा आ हर सिनेमा हाल का टिकट खिड़की पर अगिला शो के टिकट लेबे खातिर इन्तजार करत भीड़ देखल जा रहल बा. रंगबाज दारोगा हाजीपुर में कलेक्शन के नया रिकार्ड बना रहल बा. कानून हमरा मुट्ठी में पहिलके दिने रिकार्ड़ तोड़ कलेक्शन बटोर लिहलस. दीपा नारायण झा के फिलिम कानून हमरा मुट्ठी में रविकिशन का साथे तीन गो हीरोइन बाड़ी. रंगबाज दारोगा में अकेले मोनालिसा. दुनु फिल्म में रवि किशन के किरदार अलग अलग शेड लिहले बा.

रविकिशन अपना एह फिलिमन के सफलता से बहुते उत्साहित बाड़न आ कहत बाड़े कि दर्शक लोग के एही प्यार के जरुरत बा हमनी के आ एह सफलता के हम छठीमाई के प्रसाद मानत बानी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त मुंबई आ पटना से