कबो सोचलहू ना रहनी सुपरस्टार बनब

भोजपुरी सिनेमा में एने कई साल से कवनो चाकलेटी हीरो के कमी अखरत रहे. अब एह कमी के लोक गायक से अभिनेता बनल पवन सिंह पूरा कर दिहले बाड़न. रंग ली चुनरिया तोहरे नाम की से अभिनय का क्षेत्र में डेग धरे वाला पवन सिंह बहुते कम उमिर में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार बन गइल बाड़न.

Pawan SIngh : Popular singer and Super Star of Bhojpuri Cinema

प्रतिज्ञा जोगी जी धीरे धीरे के मिलल अपार सफलता पवन के लोकप्रियता के आसमान छुवा दिहलस आ ओकरा बाद मेंहदी रचाइब तोहरे नाम की के मिलल सफलता से त ऊ हर वर्ग के दर्शकन के चहेता बन गइलन. तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू होपवन पुरवईया के सुपर हिट होखते पवन सिहं शीतल पवन के झोंका का तरह निर्माता निर्देशकन के पहिलका पसन्द बन गइलन.

आजु हालत ई बा कि पवन सिंह का लगे दर्जनो फिलिम बा. अधिकतर फिलिम रोमांटिक हई सन जवना में उनकर सुरीला आवाज के जादू सबका के मोहित कर दिहले बा. पेशबा उनके से भइल बातचीत के कुछ अंश

पवन सिंह जी, सबसे पहिले त कुछ अपना परिवार का बारे में बताईं. का केहू रहे जे राउर प्रेरणा बनल?

हम बिहार के आरा जिला के एगो साधारण मनई हईं. चाचा श्री अजीत सिंह के गायकी के शोक रहुवे आ उनुके से हमरो प्रेरणा मिलल. उनके से गायकी सीखनी. चाचा सब कुछ हउवें. उनुका के गुरु कह लीं, राह देखावे वाला कह लीं, बा हमार हौसला बढ़ावे वाला कह लीं.

का कबो सोचले रहीं कि सुपर स्टार बन जायब?

साँच कहीं त कबो ना. हम त सपनो में ना सोच सकत रहीं कि एक दिन हम अभिनेता बन जायब बाकिर हमरा गायकी के दीवाना लोग हमरा के स्टार बना दिहल. हम अलबम खातिर गावत रहीं आ जब भोजपुरी के गायक लोग हीरो बनत गइल त हमरो शुरुआत हो गइल. हम अपना चाहे वालन से एक बात जरुर कहल चाहब कि आदमी के मेहनत करत रहे के चाहीं. काहे कि मेहनत करे वाला के भगवानो अइसन तोहफा दे लें कि ऊ खुदे हैरान हो जाला. देवी गीत गाये वाला पवन सिंह अगर आजु सुपरस्टार बन गइल बा त ओकरा पाछा ओकर लगन, मेहनत, आ हौसलो बा.

कवना फिलिमन के रउरा अपना कैरियर में मील के पत्थर मानी ले?

रानी चटर्जी का साथे कइल तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो हमरा कैरियर में मील का पत्थर का तरह बा. एहमें हम अकेला (सोलो) हीरो रहीं आ एकर गीत संगीत आजुवो बेहद लोकप्रिय बा. रानी चटर्जी का साथे हमार जोड़ी दर्शकन के नीक लागल आ फिल्म सुपर डुपर हिट हो गइल. एहमें हमरा अपना अभिनय के कई रंग देखावे के मौका मिलल. पवन पुरवईया अइसने फिलिम रहल जवन हमरा खातिर बहुते बेहतर साबित भइल.

रानी चटर्जी का साथे त राउर अउरो फिलिम आ रहल बाड़ी सन?

रानी का साथे हम एगो रोमांटिक फिलिम जब केहू दिल में समा जाला के शूटिंग इलाहाबाद में कर रहल बानी. जवना में हम बाँसुरी बजावेला आ गायक नवजवान के किरदार कर रहल बानी जवन हमरा असल जिनिगी से मिलत जुलत किरदार बा. बाद में कहानी में कई गो खुबसूरत मोड़ आवत बा आ कहानी भावपूर्ण हो जात बा. वइसे बतावत चलीं कि अइसन नइखे कि हम बस रानिये का साथ फिलिम करत बानी. रुबी सिंह, मोनालिसा, पाखी हेगडे, आ स्वातिओ वर्मा का साथ हम कई गो फिलिम कर रहल बानी.

कुछ अपना आवेवाला फिलिमन का बारे में बतइतीं?

मोनालिसा का साथे कब तक चुप रहूँगी, सनोज मिश्रा के चोर जी नमस्ते में चोर का भूमिका में, चोरवा बनल दामाद में रुबी सिंह का साथे, हमरा माटी में दम बा, बसंती पवन, खून पसीना, रिक्शावाला आई लव यू. सिन्दूरदान, ओढ़नी कमाल करे वगेरह दर्जन भर फिलिम कर रहल बानी. निर्माता संदीप श्रीवास्तव के फिलिम सईंया का साथ मड़ईया में के कहानी बहुते रोचक बा.

अभिनय में अतना व्यस्त होखला का चलते का गायकी छोड़ देब?

सवाले नइखे उठे लायक. गायकी त हम छोड़िये ना सकीं. गायकी हमार पहिलका प्यार हऽ आ एहिसे हमरा पहिचान मिलल बा. आवाजे का चलते त फिलिमन में अभिनय करे के मौका मिलल. जवना फिलिमन में काम करीले ओहू में गावे के मौका मिलबे करेला, अलबम रिकार्ड करवावते रहीले आ जबे समय मिलेला देवीओ गीत रिकार्ड करवा लिहिलें.

अपना चाहेवालन खातिर कवनो सनेसा?

हम अपना प्रशंसकन के शूक्रगुजार बानी जे ऊ लोग हमरा के अतना लोकप्रियता दिलवावल, अतना मान सम्मान आ प्यार दिहल. आशा करब कि रउरा सबे आगहू आपन नेह छोह बनवले राखब आ हमरा फिलिमन के सफलता दिलवावत रहब. प्रणाम!


स्रोत : मुंबई से मो.खालिद