औरतन के दिल के करीब बिया भगजोगनी

भोजपुरी के हर फिलिम कवनो ना कवनो खास वर्ग के धेयान में रख के बनावल जाला. डेबरा पिक्चर्स का बैनर में निर्माता त्रय संजय कुमार, संतोष प्रसाद, आ रविप्रकाश ओझा के बनावल भोजपुरी फिलिम भगजोगनी अइसने फिलिम बा जे पसन्द त हर वर्ग के आई बाकि खास कर के औरतन के दिल का काफी नियरा होखी. फिल्म के निर्देशन आर के श्रीवास्तव के बा. नारी के महत्ता देखावत एह फिलिम में ऊ मिथक तूड़े के कोशिश कइल गइल बा जे कहेला कि आदमी के उद्धार ओकर बेटे कर सकेला, बेटी ना.

Pawan Singh with Rani Chatterjee

भगजोगनी में मुख्य भूमिका पवन सिंह, रानी चटर्जी, मोहित घई, दिव्या प्रकाश आ रजा मुराद के बा. दर्शकन का सामने तारिका का रुप में गायिका अँजली पहिलका बेर आ रहल बाड़ी एह फिलिम से. एह फिलिम के सुमधुर गीत मनोज मतलबी के लिखल हऽ आ संगीत घुंघरू के हऽ. वेब आडियो फिलिम के संगीत जारी कइले बा. फिलिम जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त, मुंबई आ पटना से