निरहुआ इन विशाखापट्टनम

Nirahua at Vishakhapattanam

निरहुआ इन विशाखापट्टनम दिनेशलाल यादव के कवनो नयका फिलिम के नाम ना हऽ बलुक ओह खबर के हेडलाइन ह जवन भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिलका बेर हो रहल बा. अतना महँग आ मनोरम लोकेशन पर अबले कवनो भोजपुरी फिलिम के शूटिंग ना भइल रहुवे. बाकिर मूवी मुगल डी रामाराव के अन्दाजे कुछ अउर हऽ.

विशाखापट्टनम के मशहूर विजाग स्टूडियो में डी रामाराव के भोजपुरी फिलिम शिवा के शूटिंग हो रहल बा आ दिनेशलाल यादव निरहुआ आ भोजपुरी के स्टार अदाकारा पाखी हेगडे पर एह शिड्यूल में कई गो रोमांटिक गाना फिल्मावल जाई. शिवा के निर्देशक जी॰सुब्बाराव हउवें.

निरहुआ बतावत बाड़े कि विजाग स्टूडियो में शूटिंग करे में बहुते आनन्द मिल रहल बा आ उनुको खातिर ई एगो रोमांचक अनुभव बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त