मिस्टर टाँगावाला के संगीतमय शुरुआत

संगम युग क्रिएशन का बैनर में बने जा रहल भोजपुरी फिलिम मिस्टर टाँगावाला के संगीतमय शुरुआत पिछला दिने मुंबई का ट्रायो डिजिटल स्टुडियो में भइल जवना के पारंपरिक नारियल संगीतकार रजनीश फोड़लन. एह फिलिम के कहानी लेखन आ निर्देशन सुजीत पुरी कर रह बाड़े जे एकरा पहिले बेटवा बाहुबली जइसन फिलिम दे चुकल बाड़न.

At the muhurt of Mr.Tangewala

नेपाली सिनेमा के सुपर स्टार विराज भट्ट का साथे स्वीटी छाबड़ा, अभिनव गौड़, मासटर सौरभ पुरी, संतोष श्रीवास्तव आ टीनू वर्मा एह फिलिम के खास कलाकारन में शामिल बाड़न जा. फिल्म के सहनिर्माता डी एण शेट्टी आ हरीश राणा बाड़े. गाना विनय बिहारी आ प्यारे लाल लिखत बाड़न, जवना के संगीत से सजावे के काम करीहन राजेश रजनीश.

मिस्टर टाँगावाला के शूटिंग जल्दिये शुरु होखी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त