बड़का निर्माता लोगन के पहिला पसन्द बनलन पवन सिंह

Pawan Singh

भोजपुरी सिनेमा में आजकाल्हु जेकर जादू चल रहल बा ऊ हउवन पवन सिंह. एह साल के पिछलका चार महीना में ऊ लगातार चार गो हिट दे चुकल बाड़न आ उनकर डिमांड बहुते बढ़ गइल बा. सभे निर्माता लोग के ऊ पहिलका पसन्द बन गइल बाड़न. सबे उनके के नायक बनावल चाहत बा. स्वाभाविके बा काहे कि उनकर हर फिलिम शानदार बिजनेस करत बाड़ी सन.

हालही में रिलीज रंगबाज दारोगा बिहार में सफलता के नया रिकार्ड बनावत जा रहल बा. एने कई गो बड़ निर्माण कंपनी आ निर्माता पवन सिंह के ले के फिलिम बनावे के एलान कइले बाड़न. भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा अपना एगो फिलिम खातिर पवन सिंह के अनुबंधित कइले बाड़े. एगो अउरी सफल निर्माता आलोको कुमार का एगो फिलिम में पवन सिंह मुख्य नायक रहीहन. रामाकान्तो प्रसाद पवन सिंह के अपना फिलिम खातिर साइन कइले बाड़े जवन जल्दिये फ्लोर पर जाये वाली बा. राष्ट्रीय पुरस्कार प्राप्त निर्मात्री दीपा नारायण झा ओ अपना फिलिम खातिर पवन के चुनले बाड़ी. अतने ना इहो कहल ज रहल बा कि बालीवुड निर्माता के सी बोकाडियो पवन के साइन कइले बाड़न.

एहसे बिना लाग लपेट के कहल जा सकेला कि पवन आजु निर्माता लोगन के पहिला पसन्द बन चुकल बाड़न इ भोजपुरिया जनता के पहिला पसन्द त बड़ले बाड़न.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त