सईयां के साथ मड़ईया में के मुहुर्त

संदीप श्रीवास्तव फिल्म्स का बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम सईयां के साथ मड़ईया में के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई का एगो व्यस्त रिकार्डिंग स्टूडियो ट्रिनिटी स्टूडियो में कइल गइल.

At the muhurt of Saiya Ke Sath Madaiya Me

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार पवन सिंह एह फिलिम के नायक बाड़न आ निर्देशन के कमान मिलल बा राजकुमार आर पाण्डेय के. निर्माता हउवें संदीप श्रीवास्तव जे बिहार के बेतिया जिला के निवासी हउवन आ टी सीरिज खातिर बहुते अलबम बना चुकल बाड़न.

सईयां के साथ मड़ईया में के गाना लिखत बाड़न विनय बिहारी आ संगीतकार रहीहें राजेश गुप्ता. मुहुर्त का मौका पर खास कर के गायिका इन्दू सोनाली मौजूद रहली.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त