रविकिशन के जादू

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपरस्टार रविकिशन के जादू आजुकाल्हु ग्लैमर दुनिया के छाप लिहले बा. भोजपुरिये ना हिन्दीओ सिनेमा आ टीवी पर रविकिशन के माँग बढ़ले जात बा.

Ravi Kishan in SurSangram

एनडीटीवी इमेजिन के मेगा शो राज पिछले जनम का का शूटिंग में व्यस्त रविकिशन के हाल ही रिलीज रंगबाज दरोगाकानून हमरा मुट्ठी में पँचवो हफ्ता दर्शकन के भीड़ खींच रहल बा.

एहसे पहिलहू रिलीज भइल आपन माटी आपन देश, भूमिपुत्र, बिदाई वगैरह सुपर हिट भइल रही सन. एह लगातार मिल रहल सफलता से रविकिशन के मांग चारो ओर से हो रहल बा. आवे वाला भोजपुरी फिलिमन पर नजर डालीं त बबलू सोनी के सत्यमेव जयते, जयप्रकाश आ मुक्ता आर्ट सुभाष घई के धर्मात्मा, अभय सिन्हा के चन्दू के चमेली असलम शेख के रामअवतार, राजकुमार पांडे के देवरा बड़ा सतावेला, संजय सिन्हा मोनिका सिन्हा के ज्वालामुखी, जगदीश शर्मा के मार देब गोली केहू ना बोली, कुरुक्षेत्र, आ किरणकान्त वर्मा के देवदास सहित दर्जन से बेसी फिलिम लाइन में बाड़ी सन.

हिन्दी फिलिमन में सोहम शाह के लक में आपन जलवा बिखेर चुकल रवि जल्दिये मणिरत्नम के रावण, श्याम बेनेगल के वेल डन अब्बा, टीपी अग्रवाल के न घर के न घाट के, सुनील शेट्टी के लूट, चाय गरम, आ संतोष सिवन के हिंगलिश फिल्म वाराणसी का छोरा समेत आठ गो फिलिम बाड़ी सन.

उहे हाल टीवी चैनलन पर बा. महुआ चैनल के रियलिटी शो सुरसंग्राम में अपना परफारमेंस से टीआरपी में कई गुना बढ़ोतरी करावे वाला रविकिशन जल्दिये एगो डांस शो ले के आवे वाला बाड़न. एने एनडीटीवी इमेजिनो उनका के एगो बिग बजट शो राज पिछले जनम का खातिर अनुबंधित कइले बा जवना के शूटिंग जोर शोर से चल रहल बा.

एह तरह देखीं त रविकिशन आजु ग्लैमर वर्ल्ड के व्सततम सितारन में गिनात बाड़न.


स्रोत : मुंबई से उदय भगत