राजा भईया के डबल धमाका

कलर्स चैनल के लोकप्रिय धारावाहिक भाग्यविधाता के पात्र राजा भईया के नाम से मशहूर अभिनेता प्रकाश जैस खातिर २० नवम्बर ०९ दू गो खुशी ले के आइल बा.

Prakash Jais

लगभग दू दर्जन भोजपुरी फिलिम में कामेडियन के किरदार करके दर्शकन के हँसाहँसा के लोटपोट कर देबे वाला अभिनेता प्रकाश जैस के एह दिने दू गो फिलिम रिलीज हो रहल बा. कबहू छूटे ना ई साथ आ सिन्दूरदान. निर्देशक के॰डी॰ के सिन्दूरदान में प्रकाश पहिला बेर कवनो गंभीर भूमिका कर रहल बाड़न.

सिन्दूरदान में ऊ नायक बनल आजु के चर्चित स्टार पवन सिंह आ गौरव घई के भाई बनल बाड़े त कबहू छूटे ना ई साथ में सुशील सिंह, राजीव दिनकर, अनिल यादव आ प्रिया सिंह का साथे बाड़न.

एकही दिने दू गो फिलिम रिलीज होखला से प्राश जैस बहुते उत्साहित बाड़े आ कहले कि उनका खातिर ई एगो यादगार दिन रही.


स्रोत : रंजन सिन्हा