झंडा फहरा दिहले राजीव दिनकर

झंडा उहे फहरावेला जेकरा हाथ में डंडा होला... निर्देशक के॰डी॰ के फिलिम कबहूं छूटे ना ई साथ के ई डायलाग नवोदित अभिनेता आ फिलिम के नायक राजीव दिनकर का रील आ रियल दुनु लाइफ पर लागू होला. आजु राजीव भोजपुरिया सितारन के पहिलका पाँत के हीरो बन गइल बाड़े जबकी अबही ले उनकर एकहू फिलिम रिलीज नइखे भइल.

कबहूं छूटे ना ई साथ से अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत करे वाला राजीव दिनकर रविकिशन आ जैकी श्राफ के फिलिम बलिदानो में शामिल बाड़न. एकरा अलावे उनकर एगो अउरी फिलिम लाट साहब के शूटिंग हाजीपुर में जोर शोर से चल रहल बा.

कबहूं छूटे ना ई साथ के आटो रिक्शा चालक बनल राजीव दिनकर बलिदान में नायक रविकिशन के छोट भाई का किरदार में बाड़न. लाट साहब में ऊ इन्टर के अइसन विद्यार्थी बनल बाड़न जवन पिछला चार साल से फेल कर रहल बा.

फिल्मी दुनिया में कोरियोग्राफर बन के शुरुआत कइले राजीब दिनकर करीब दू दर्जन फिल्मन के नृत्य विर्देशन कर चुकल बाड़न. कबहूं छूटे ना ई साथ उनकर पहिलका फिलिम हऽ जवना में ऊ अभिनेता बनल बाड़न. एह फिलिम में डंडा का साथे राजीव के एक्शन जहाँ दर्शकन में रोमांच पैदा करी उहवें उनकर डांस लोग के साथेसाथ नाचे पर मजबूर कर दी.


स्रोत : मुंबई से उदय भगत आ पटना से रंजन सिन्हा