चार दिसम्बर से टूटी बृजवा के कहर

अब तकले के सबसे चर्चित फिलिम बृजवा जल्दिये पूरा भारत में एके साथ रिलीज होखे जा रहल बा. भोजपुरी सिनेमा का परदा पर पहिला बेर लोग देखी नक्सली आ माओवादी हिंसा के ताण्डव. बृजवा के निर्माण मंजुल ठाकुर का निर्देशन में पायल दुबे कइले बाड़ी.

Phool Singh as Brijwa

बृजवा में भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनन्द आ सुदीप पान्डे का साथ साथ दमदार अभिनेता दीपक दुबे के तिकड़ी दु दू हाथ करे खातिर तइयार बा. आ एह लोगन के नायिका का रुप में बाड़ी साधिका रंधावा, गुंजन पंत, आ कल्पना शाह. एह लोग का अलावे संजय पाण्डे, किट्टू आ बृजेश त्रिपाठी समेत करीब दू दर्जन कलाकार बाड़े. बृजवा के नाम कहानी के खलनायक का नाम पर धराइल बा जवन एह फिलिम का केन्द्र में बा. बृजवा के किरदार कइले बाड़े बिहार के चर्चित कलाकार फूल सिंह. फूल सिंह बृजवा के किरदार के अतना बेहतरीन ढंग से कइले बाड़े कि देखेवालन के रोंआ ठाड़ हो जाई.

Vinay AnandSudeep PandeyDeepak Dubey

बृजवा नक्सली गिरोह के मुखिया हऽ जवना पर ३२ गो नरसंहार करे के आरोप बा. एह फिलिम में देखावल जाई कि के तरह नक्सलियन के ई मुखिया पुलिस आ कानून के अपना गमछा में बान्ह के घूमेला. बिहार में आतंक के पर्याय बनल नक्सलियन के कइल नरसंहारो एह फिलिम में देखावल जाई. देखावल जाई कि कइसे माओवादियन के आतंक हिन्दुस्तान का ग्रामीण इलाकन में बन्दूक का बल पर खून के फसल काटऽता.

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिला बेर नक्सलियन के असली चेहररा देखावे के हिम्मत कइल गइल बा आ ई हिम्मत करे वाला बाड़े जीतेश दुबे जिनकर पिछलका फिलिम मुन्नी बाई नौटंकीवाली एह साल के सबसे हिट फिलिम रहे. फिल्म के प्रचारक शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा बतावत बाड़न कि फिलिम के शूटिंग बीहड़ जंगल में करावल गइल रहे. क्रूर यथार्थ देखावे वाली एह फिलिम के निर्मात्री पायल दुबे बताबत बाड़ी श्रीकृष्णा क्रिएशन का बैनर में बनल एह फिलिम के जल्दिये रिलीज कर दिहल जाई.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई से