निरहुआ के मुरीद बनलन डी॰ रामानायडू

मूवी मुगल कहाए वाला मशहूर निर्माता डी॰ रामानायडू अब निरहुआ का प्रशंसकन में शामिल हो गइल बाड़न. मुरीद हो गइल बाड़े. कारण ई बा कि निरहुआ जवना तरह से समर्पित हो के व्यवहार कुशलता का साथे डी॰रामानयडू के फिलिम शिवा के शूटिंग में लागल बाड़े ओकरा चलते डी॰रामानायडू कहे लागल बाड़े कि निरहुआ अपना मेहनत आ अदाकारी का बल पर एह पोजीशन पर चहुँपल बाड़े आ आगहूं नया नया ऊँचाई पार करत जइहें.

D Ramanaidu with Nirahua and Pakhi Hegde

निरहुआ के निहोरा पर डी॰रामानायडू अपने फिलिम में एगो किरदारो करे के तइयार हो गइलें. निरहूआ से ऊ अतना प्रभावित हो गइल बाड़े कि निरहुआ के हैदराबाद का फिल्म नगर में एगो रिहायशी फ्लैट तोहफा में दे दिहलन आ अपना अगिलको फिलिम टाईगर खातिर साइन कर लिहलन.

शिवा के शूटिंग अबही चालू बा. एह फिल्म में निरहुआ आ स्टार अदाकारा पाखी हेगडे के जोड़ी मुख्य भूमिका में बा. फिल्म के निर्देशन जी सुब्बाराव कर रहल बाड़े.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त