जूनियर निरहुआ रिंकू घोष का इश्क में

भोजपुरी सिनेमा के युवा स्टार का तौर पर उभरत जूनियर निरहुआ प्रवेशलाल यादव आ भोजपुरी सिनेमा के हसीन अदाकारा रिंकू घोष के रोमांस के चर्चा आजुकाल्हु हवा में पसरल बा. दुनु जने बिहार का आरा जिला में एगो भोजपुरी फिलिम तू ही मोर बालमा का शूटिंग में लागल बा लोग. शूटिंग का शुरुआते से प्रवेशलाल यादव रिंकू घोष का खूबसूरत अदा पर फिदा हो गइलन आ तबसे शुरु कर दिहलन अपना प्यार के फिल्डिंग.

Rinku Ghosh and Pravesh Lal

एह प्यार के इन्तहा तब हो गइल जब प्रवेश लाल सबका सोझा अपना प्यार के इजहार कर दिहलन आ निर्देशक असलम शेख का मौजूदगी में तू ही मोर बालमा का पूरा यूनिट का सामने अपना प्यार के लाल गुलाब रिंकू के भेंट कर दिहलन.

प्रवेश के प्यार का फिल्डिंग से पहिलहीं सराबोर हो चुकल रिंकू तुरते गुलाब सकार लिहली. एकरा बाद से प्रवेश के सबसे नजदीकि दोस्त मनोज टाइगर मुँह फुला लिहले बाड़न काहे कि उहो अपना प्यार के गुलाब रिंकू के दिहले रहलें बाकिर रिंकू लेबे से इन्कार कर दिहले रहली. प्रवेश मनोज के बाकियो दोस्त दीपक दूबे आ शुभमो तिवारी एह इजहारे वफा से नाराज हो गइल बा लोग. सबका शिकायत बा कि चारो मिल के लगवले हाथ, उठा ले गइल प्रवेशवा अपना साथ.

अगर रउरो रिंकू के आशिकन में से हईं त निराश होखला क बात नइखे. रिंकू आ प्रवेश के इजहारे मोहब्बत फिल्म तू ही मोर बालमा खातिर भइल बा. अब अगर परदा के कहानी जिनिगी में उतरल त जरुरे बता देब. अतना के भरोसा राखीं.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त