बक्सर के तिलकूट खिआवत बाड़ी गुंजन

भोजपुरी दीवा गुंजन पंत आजकाल्हु अपना नया फिलिम किसना कमाल कइलस का शूटिंग खातिर बिहार का बक्सर में बाड़ी. एह फिलिम में उनकर नायक बाड़े मिस्टर परफेक्सनिस्ट विनय आनन्द आ गुंजन पंत वइसनका साइको प्रेमिका का किरदार में बाड़ी जे कुछुओ कर सकेले.

Gunajn Pant

जाहिर बा कि विनय आनन्द जइसन मिस्टर परफेक्शनिस्ट के प्यार गुंजन के दिल जीत लेत बा. फिलिम से दुनु बहुते खूश बाड़. विनय कहलन कि जितेश दूबे का बृजवा का बाद एक बेर फेर हमनी का साथे बानी जा. ओने गुंजन पंत के कहनाम बा कि ऊ एह फिलिम में बिहार के सभ्यता आ संस्कृति के जिअत बाड़ी. शूटिंग देखे वालन के कहनाम बा कि ई भोजपुरी अदाकारा दर्शकन के रिझावे बझावे के कवनो मौका एह फिलिम में छोड़ले नइखे. चुलबुली किरदार वाली गुंजन पंत बड़ बिन्दी लगवले आ हाथ में मेंहदी सजवले लउकली. विनय आनन्द आ गुंजन पंत खातिर बालीवुड स्टाइल में सेट पर दिहल पार्टी में परोसल गइल रहे टिकरी, इमरती, आ तिलकुट जवना के विनय आनन्द बड़ा प्यार से गुंजन पंत के खिअवलन. गुंजन के तिलकुट अतना भावल कि मुंबई आवत घरी कई किलो तिलकुट पैक करा लिहली आ अब मुंबई में सबके खिआवत बाड़ी कि बक्सर से ले आइल बानी.


स्रोत : शशिकान्त सिंह