भोजपुरी का प्रचार खातिर कइलन दू महीना में ३८ गो शो

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार मनोज तिवारी भोजपुरी भाषा के प्रचार प्रसार खातिर पिछला दू महीना का दौरान देश दुनिया में अड़तीस गो शो करके दुनिया भर में जता दिहलन कि भोजपुरी दुनिया का कवनो भाषा से अनइस नइखे. ई सब करत मनोज तिवारी दुनिया के भोजपुरी संस्कृतिओ से परिचित करा दिहलन. वइसनको जगहा उनकर शो भइल, भोजपुरी जहवाँ के मूल भाषा ना हऽ.

Manoj Tiwari

लगातार अड़तीस शो करे वाला मनोज तिवारी के भोजपुरी दुनिया में जमके तारीफ हो रहल बा. मारीशस का आप्रवासी दिवस पर जब मनोज तिवारी ओहिजा के महात्मा गाँधी इन्स्टीच्यूट आ आप्रवासी घाट पर आपन कार्यक्रम प्रस्तुत कइलन त लोग के भारत के याद ताजा हो गइल.

पिछला दू सितम्बर के इंदौर में, फेरु यूपी का हिंडाल्को रेणुकूट में स्टेज शो कइलन. कोयम्बटुरो में भोजपुरी के पताका फहरवला आ स्टेज शो कइला का बाद सिवान, धनबाद,गिरीडीह, आ पटना में स्टेज शो कइलन. पटना में एगो अखबार का तरफ से जलसा आयोजित कइल गइल रहुवे. सितम्बरे में लिटील चैम्प खातिर खास शो कइलन, फेर बजाज के आटो शो में ऊ पटना, बनारस, आ लखणऊ गइलन. पटना का बिहार अस्मिता सम्मान समारोह में लोगन के दिल जीतलन. अगिला दिने भोजपुरियन का बीचे बिहार का मगहर गइलन. ओही महीना ऊ दि्ल्ली का श्याम महोत्सव में शामिल भइलन.

अक्टूबर में हरियाणा का फरीदपुर में रोड शो कर के ओहिजा का लोगन का बीच भोजपुरी भाषा के प्रचार कइलन. बनारसो का नकटेश्वरी धाम में शो कइलन, नागपुर में, मुंबई का दहिसर, कालीना, भिवण्डी आ अँधेरी में स्टेज शो कइलन. यूपी का बनारस आ विंध्याचल में गो रक्षा महोत्सव में शामिल भइलन, फेर आरा में आपन रोड शो कइलन. बिहार का बिहटा में पाली महोत्सव में आपन खास शो कइलन.

मनोज तिवारी गुजरात का भावनगर आ संत मुरारी बापू के आश्रम महुआ गुजरात में खास कार्यक्रम कइलन. मुंबई का चह्वाण सभागृह, भोपाल का मानव संग्रहालय मंच, आ लोनावाला अंबे वैली में, अमलोरी में, बनारस के डि एल डब्ल्यू में स्टेज शो कर के भोजपुरी के छटा बिखेरलन. छठ का मौका पर जुहू बीच पर छठ महोत्सव में खास शो कइलन, दिल्ली का इंद्रपुरीओ में गइलन आ हर जगहा भोजपुरी का प्रचार करके आपन लगाव देखवलन.


स्रोत : शशिकान्त सिंह