बृजवा से हमर नया पहिचान बनी, कहली गुंजन पंत

एक ओर अधिकतर लड़की ग्लैमर का दुनिया में छा जाये के चाहेली, अउर ना त ओह दुनिया में घुसे के लालसा त जरुरे रहेला, बाकिर गुंजन पंत नाम के एगो उत्तरांचली बालिका के एकर तनिको परवाह ना रहे. ऊ त बस नैनीताल में पलाइल पोसाइल आ बड़ भइल त भोपाल चलि गइल अपना पढ़ाई के आगा बढ़ावे खातिर. बाकिर होनी त कुछ दोसरे लिखले रहुवे. गुंजन के कलाकार मन कुछ ना कुछ करते रहत रहे. कॉलेज का मंच पर थिरकत गुंजन के गोड़ बतावल शुरु कर दिहले रहुवे कि एह बालिका में एगो संपूर्ण अभिनेत्री छिपल बा. आ संजोग कुछ अइसन बनल कि उहे लड़की आज भोजपुरी सिनेमा के ब्यस्त तारिका बन गइल बिया. पेश बा गुंजन से बातचीत के कुछ अंश...

Gunjan Pant

गुंजन के चरचा चारो ओर हो रहल बा. ई सब कइसे भइल आ अब कइसन लागऽता?

बहुते नीक लागऽता. आ ई सब सिर्फ आ सिर्फ हमरा निर्माता जीतेश दूबे जी का कृपा से. जीतेश जी हमरा के सही रुप में चिन्हलें आ छनेभर में बृजवा में राधा के चुनौतीवाली भूमिका सउँप दिहलन. हमरा लागत बा कि बृजवा भोजपुरी सिनेमा में एगो नया क्रान्ति ले आई आ एकरा से साँचहू हमरो पहिचान बन जाई.

बृजवा का राधा का बारे में कुछ विस्तार से बताईं.

बृजवा में तीन गो दोस्त बाड़े रघु, वीर आ यादव. हम यादव के बहिन बनल बानी. हमनी का गाँव में बृजवा के आतंक बा. गाँव के बहूबेटियन के इज्जत राम भरोसे बा. छुट्टी में तीनो दोस्त गाँवे आवत बाड़े. ओही बीचे एकदिन बृजवा के कोपदृष्टि हमरा घर पर पड़त बा. ऊ हमरा दादा जी के हत्या कर देत बा, महतारी के घवाहिल कर देत बा आ हमरा साथे बड़ा निर्दयी भाव से गलत काम करऽता. फेर शुरु होत बा असली खेल.

बृजवा के निर्माता निर्देशक का बारे में का राय बा राउर?

निर्माता जीतेश दूबे जी का बारे में त बताइये चुकल बानी. अगर उहाँ का हमरा के ई रोल ना दिहले रहतीं त हमरा अतना बड़ पब्लिसिटी ना मिलल रहित. बृजवा के निर्देशक मंजुल ठाकुर जी एगो सुलझल निर्देशक हईं. हमरा संगे भइल बलात्कार के दृश्य बहुते मुश्किल रहुवे. एके सीन में दादा के हत्या, महतारी के जख्म आ ओह पर से हमरा संगे बलात्कार. एके छिन में सब कुछ बयान कर दिहल कतना चुनौती वाला रहे. बाकिर मंजुल जी बहुते सहज भाव में समुजा दिहनी, आसान कर दिहनी.

आगे ?

एकरा बाद जगदीश शर्मा जी के निर्देशन में बने जा रहल फिलिम मार देब गोली, केहू ना बोली करे जा रहल बानी. एहमें रविकिशन आ दीपक दूबे हमरा साथे बानी जा. इह एगो मनोरंजक फिलिम बा.

कहल जा रहल बा कि बृजवा जइसन फिलिम आजु ले भोजपुरी में ना बनल रहे?

बिल्कुल सही बात बा. आ रउरा के बता दीं कि साचहूं आज ले अइसन फिलिम नइखे बनल. हम अपना तरफ से बृजवा जइसन फिलिम बनावे खातिर ओकरा पूरा टीम के बधाई देत बानी, खास कर के निर्माता जीतेश दुबे जी के.

जितेश दूबे के कंपनी श्री कृष्णा क्रिएशन अपना अगिला फिलिम मार देब गोली केहू ना बोली खातिर रउरा के साइन कइले बा. का रउरा नइखे लागत कि श्री कृष्णा क्रिएशन भोजपुरी फिल्म निर्माण के नंबर वन कंपनी बन चुकल बा?

अइसनका एह चलते कि ई कंपनी फटाफट काम करे ले आ बड़हन पैमाना पर फिल्म के रिलीज करे ले. अइसनके सोच दोसरो निर्माता लोग के राखे के चाहीं.

अउरी का चल रहल बा?

अबहीं त चुनमुन पंडित के निर्देशित फिलिम किसना कइलस कमाल क शूटिंग कर रहल बानी. संजोग से एहमें हमार नायक बानी विनय आनन्द. एकरा अलावे निर्देशक अजीत श्रीवास्तव के फिलिम नथुनिया पे गोली मारे साइन कइले बानी जवना में नायक बानी पंकज केसरी आ सुदीप पांडे. साथही अभय सिन्हा के परिवार के सफलता के जश्नो मनावत बानी आ बृजवा के रिलीज होखे के इन्तजार करत बानी.


स्रोत : शशिकान्त सिंह