शशिकान्त, रंजन, आ सीमा के सम्मान

सिनेमा जगत के तीन गो मशहूर हस्ती प्रचारक शशिकान्त सिंह, निर्देशक रंजन सिंह, आ नायिका सीमा सिंह के पिछला दिने मुंबई में अखिल भारतीय क्षत्रिय महासभा का तरफ से सम्मानित कइल गइल.

Shashikant Singh Honoured

समारोह मुंबई के मराठी ग्रन्थ संग्रहालय में आयोजित रहे जवना में मुंबई के पूर्व पुलिस आयुक्त एम॰एन॰सिंह, उद्योगपति दादा साहब रावल, मध्य रेलवे के डी॰आर॰एम॰ एम॰सी॰ चौहान, आयकर उपायुक्त बी॰एस॰सिंह, डाक विभाग के विभागीय निर्देशक आभा सिंह, आ कस्टम सुपरिटेन्डेन्ट रमेश बहादुर सिंह मुख्य आतिथि का रूप में मौजूद रहलें.

Ranjan Singh Honoured

अउरी मौजूद रहनी समारोह के अध्यक्षता करत एडवोकेट शशिकांत पवार, कार्याध्यक्ष महेन्द्र सिंह चौहान, महामंत्री प्रेमपाल सिंह, राजपूत कोष पत्रिका के संपादक मैन बहादुर सिंह आ कोषाध्यक्ष प्रह्लाद सिंह शेखावत.

Seema Singh Honoured

एह मौका पर राजपूत समाज के मासिक पत्रिका राजपूत कोष के विमोचनो कइल गइल. अपना संबोधन में फिल्म प्रचारक शशिकान्त सिंह मौजूदा दौर के सिनेमा पत्रकारिता आ पत्रकारन के कठिन परिश्रम पर प्रकाश डललन आ कहलन कि उनका के एह जगहा चहुँपावे में देश भर के पत्रकारन के योगदान बा आ एह खातिर ऊ हमेशा ओह लोगन के आबारी रहीहन.