काहे बांसुरिया बजवलऽ के संगीतमय भव्य मुहुर्त

श्री नरसिंह फिल्म्स प्रोडक्शन के भोजपुरी फिलिम काहे बांसुरिया बजवलऽ के संगीतमय भव्य मुहुर्त पिछला दिने मणि सुपर साउण्ड रिकार्डिंग स्टूडियो में भव्य पैमाना पर भइल. कुमार हर्षराज का संगीत निर्देशन में फिल्म के पहिलका गाना अनुराधा पौडवाल का आवाज में रिकार्ड कइल गइल. उनका बाद पामेला जैन आ इन्दुओ सोनाली के गाना भइल. बाकी गीत उदित नारायण, अनूपजलोटा, मजीरा गांगुली, मनोज मिश्र, कल्पना आ मोहम्मद अजीज का आवाज में रिकार्ड करावल जा रहल बा. कुल आठ गो गीत बाड़ी स जवना में से सात गो सरोज अनजाना के आ एगो डा॰ विजया रानी के लिखल बा.

Muhurt of Kahe Bansuriya Bajawala

काहे बांसुरिया बजवलऽ के निर्माता प्रदेश कुमार सर्राफ इ लेखक निर्देशक कुमार विकल हउवें. कुमार विकल एकरा पहिले रखिहऽ ललाज अँचरवा के फिल्म से चर्चित रह चुकल बाड़े. फिल्म के शूटिंग एही महीना से नेपाल, कोलकाता आ मुंबई में शुरु होके अन्त वाल शेड्यूल का साथ शुरु होखी.

मुहुर्त का अवसर पर कुणाल सिंह, सुदीप पाण्डेय, उदय श्रीवास्तव, कल्पना शाह, विनय बिहारी वगैरह मुख्य रुप से मौजुद रहलें.


स्रोत : समरजीत