चरवाही से चल के सिनेमा के परदा पर अइले छोटू छलिया

बिहार के आरा जिला के एगो छोटहन गाँव छोटकी सनदिया के एगो कच्चा माटी के घर में जनमल छोटूआ के आजु भोजपुरी गायकी में एगो अलगे मुकाम बा. उनकर गावल हाय रे होठ लाली सात साल बादो लोग का जुबान पर चढ़ल बा. आ आज उनका के छोटू छलिया के नाम से जानल जा ता.

Chhotu Chhalia

गाँव का चवर में भईंस का पीठ पर बइठ के चरवाही करे से शुरु छोटू छलिया के सफर आज उनका के सिनेमा के परदा तक ले के आ गइल बा. लड़िकाई में अपना बाबूजी राजनारायण यादव, जे खेतिहर मजदूर रहलें, खातिर खाना ले जात, बगइचा में घूमत, स्कूल का मैदान में हमेशा गुनगुनाए के आदत छोटू छलिया के भोजपुरी गायकी में एगो निमन पहिचान बना दिहलस आ उनकर समय बदल गइल. गाँव वाला घर अब मकान बन गइल बा, गाँव जवार में लोग उनकर नाम इज्जत का साथ लेबे लागल बा. नेता मंत्री लोग का कार्यक्रम में उनकर बोलहटा होखे लागल बा आ निमन दाम के उनकर कार्यक्रम दिआवल जा रहल बा.

बाकिर फाटल कपड़ा से महँग जीन्स तक के सफर आसान ना रहल. ओह दिन जब उनका से पटना में मशहूर निर्माता संजय सिन्हा का आफिस में भेंट भइल त अपना बदहाली से आज तक के सफर के कहानी सुनावत छोटू कई बेर भावुक हो गइलन. आँख लोरिया गइल. संजय सिन्हा मोनिका सिन्हा के फिलिम गठबन्धन प्यार के में अभिनय करे वाला छोटू छलिया बतवलन कि बाबूजी का लगे जर जमीन ना रहे. घर पर एगो गाय आ दू गो भईंस रहे आ खेत बधार में मजदूरी कर के घर परिवार पलात रहे. ओह घरी हमनी का मालूम ना रहे कि भर पेट खाना का होला. स्कूल से छूटला पर अपना गोरुमाल के चरावे ले जात रहीं आ कबो कबो बाबूजी का साथे दूधो बेचे जात रहीं. गावे के शौक लड़िकाइयें से रहुवे आ यार दोस्त कहत रहस कि तोर आवाज बहुत बढ़िया बा. बाकिर अपना आवाज के दुनिया के सुनइतीं त कइसे?

ओहि बीचे गरीबी का चलते पढ़ाईयो छूट गइल. साल २००१ के बात हऽ. हमार दोस्त बेलू, गठबन्धन प्यार के के निर्देशक विष्णू शंकर बेलू, आ कुछ दोस्त लोग का मदद से पटना के गुलजार बाग का एगो स्टूडियो में हमार पहिलका अलबम रिकार्ड भइल. संजोग ठीक रहे आ अलबम रिलीज होखते हमार किस्मत पलटे लागल. लोग आ म्यूजिक कंपनी बोलावे लगली सन आ राजनारायण यादव के बेटा रामशरण यादव रातो रात छोटू छलिया का नाम से मशहूर हो गइल. फेर आरे के रहेवाला निर्माता अनिल सम्राट उनकर काबिलियत पहिचनलन आ अपना फिलिम दे द पिरितिया उधार में काम दे दिहलन. छोटू छलिया के लोकप्रियता से फिलिम खूब चलल. आजु उहे छोटू छलिया गठबन्धन प्यार के, वाह जीजा जी, जीजा जी की जय हो वगैरह फिलिमन में व्यस्त बाड़े.

बकौल छोटू छलिया गायकी में त ऊ हिट बड़ले बाड़े अब अभिनयो में उनका के हिट होखे से केहू रोक ना सके. आ अब त सिन्हा दंपत्ति उनका मूड़ी पर हाथ धर दिहले बाड़न.

समय बदल गइल बाकिर छोटू छलिया के सुभाव ना बदलल. आजुवो ऊ पुरनके छोटू बाड़न आ मंच पर जाये से पहिले भरपेट दूध पियल ना भुलास.


स्रोत : रंजन सिन्हा, पटना से.