चुम्मा ले लऽ राजा जी...

आजुकाल्ह भोजपुरी के नयका सुपर स्टार पवन सिंह के चुम्मा लेबे खातिर हीरोइनन में होड़ मचल बा. अबहीं हालही में एगो फिलिम में पवन सिंह के जबरिया चुम्मा लेबे के आइटम गर्ल से अभिनेत्री बनल सीमा सिंह के मामिला ठण्ढाइलो ना रहल हऽ तबले एगो दोसर अभिनेत्री रुबी सिंह पवन के चुम्मा ले लिहली. अब रउरो सोचत होखम कि का बात बा जे हीरोइन पवन का पाछा पड़ल बाड़ी सन?

Ruby kisses Pawan Singh

असल में बात पूरा तरह से फिल्मी बा काहे कि पवन सिंह का फिलिमन के निर्देशकन के पवन पर फिल्मावल गइल चुम्मा के सीन बहुते पसन्द आ गइल बा आ तबे नू ओढ़निया कमाल करे के निर्देशक अरविंद चौबे अपना फिलिम का एगो गाना में रुबी सिंह के पवन का पाछा लगा दिहलन. पवन भागत रहलन रुबी चहेटत रहली आ तबे मनली जब ऊ अपना मकसद में कामयाब हो गइली. एने फिलिम के निर्माता रामजनक जायसवाल का मन में पवन के लेके दोसर फिलिम बनावे के विचार जरुर आइल होखी आ ओह फिलिम के टाइटिल चुम्मा के जा राजाजी हो जाव त कवनो अचरज ना होखी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त