मनवा करेला तोहरा के, छतिया से...

उत्तरप्रदेश का प्रतापगढ़ जिला में एगो मनोरम पहाड़ी पर पिछला दिने भोजपुरिया सुपर स्टार पवन सिंह आ हॉट अदाकारा रानी चटर्जी एक दोसरा का अँकवारी में लपटाइल लउकत रहे लोग. एक दूजा के अँकवारी में बन्हले अपना प्यार के इजहार करत रहे ऊ लोग आ दूर से हमार नजर ओहि लोग पर टिकल रहे.

Pawan and Rani Chatterjee in jab Kehu Dil Me Sama Jala

खु्ल्लमखुल्ला प्यार करे वाला एह माजरा के समुझे खातिर हम ओह लोग का लगे चहुँपनी त पता चलल कि ई कवनो वास्तविक प्यार के सीन ना हो के ए॰के॰मीडिया का बैनर में बने वाली भोजपुरी फिलिम जब केहू दिल में समा जाला के शूटिंग हो रहल बा. मामिला समुझला क बाद हम पवन सिंह का मुकातिब भइनी जे हमरा के बतवलन कि ई सीन एगो गाना के हऽ जवना में हम रानी से कह रहल बानी कि 'मनवा करे ला तोहरा के अपना छतिया से सटा लीं'. एह सीन में हमरा के रानी से अपना प्यार के इजहार करत देकावल गइल बा. हमार किरदार एगो लापरवाह अल्हड़ लड़िका के बा जेकरा संगीत से प्यार बा आ बहुते बढ़िया से बाँसुरी बजावेला. ओकरा बाँसुरी के सभही दीवाना बा. हमरा बड़ भईया के रोल कुणाल सिहं कइले बाड़न आ हम उनकर छोट भाई बनल बानी.

अदाकारा रानी कहली कि ई एगो रोमांटीक फिलिम हऽ जवना में हमरा पवन से लव बा. निर्देशक आ लेखक मिथलेश अविनाश कहलें कि एहमें प्यार के त्रिकोण बा आ ओह त्रिकोण के बिन्दु बा लोग पवन, रानी, आ कल्पना शा. एकरा अलावे फिलिम में कुणाल सिंह, के के गोस्वामी, किशनदेव, आ माया यादव के खास भूमिका बा. फिलिम के शूटिंग प्रतापगढ़ आ इलाहाबाद में कइल गइलबा. गाना बहुते बढ़िया बाड़ी सन जवना के लिखले बाड़े विनय बिहारी आ संगीत में लयबद्ध करे के काम मधुकर आनन्द कइले बाड़न. फिलिम में रोमांस आ इमोशन का साथ एक्शनो के तड़का बा.

एक्शन मास्टर बाड़े शकील शेख आ कैमरामैन लोकेश भन्डारी. बकौल निर्माता अशोक गुप्ता एह फिलिम में देखावल गइल बा कि प्यार त्याग समर्पण सब एक दोसरा के पूरक होला. प्यार के मतलब इ ना होला कि ओकरा के हासिले कर के रहल जाव. बिना हासिल कइलो प्यार जिन्दा रह सकेला.

फिल्म के कार्यकारी निर्माता हरीश गुप्ता हउवें आ प्रचारक प्रशान्त निशान्त.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त