बेटी दान करे का बिधान पर बनल शादी बियाह

समाज में शादी के पहिले के प्यारे के चरचा होला. मिसालो अइसने लोगन के दिआला जे बिना बिआहल रहे, जइसे लैला मजनू, हीर राँझा, सोहनी महिवाल. बाकिर एकर मतलब ई त नाहिये होला के बिआहल जोड़ी प्यार ना करे. एही विषय के खूबसुरती से दर्शावल गइल बा भोजपुरी फिलिम शादी बियाह में जवना के निर्माण शंभू नारायण कइले बाड़न

A scene from Shadi BIyah

त्रिलोक फिल्म्स इंटरनेशनल के प्रस्तुति शादी बियाह के निर्देशक देवाशीष घोष आ संतराम हउवें. एह फिलिम में पहिला बेर एगो तरोताजा करे वाली जोड़ी दिनेश प्रकाश आ स्मृति सिन्हा आ रहल बाड़े आ साथ में बा लोग प्रभात सिंह, काजल निषाद,जय, तिलक सिंह, आ मेहनाज श्राफ. एह फिलिम के निर्माता शंभू शरण के कहल बा कि शादी बियाह बाकी भोजपुरिया फिलिमन से अलगा बा आ एकरा के पूरा परिवार का साथे बइठ के देखल जा सकेला.

शादी बियाह में एक से बढ़ के एक गाना बाड़ी सन जवना में होखऽता बियाह कन्यादान करऽ बाबूजी, बेटी दान करे के बिधान करऽ बाबूजी जब होखेला त लोग के आँख लोरिया जाले. एह फिलिम में शादी बियाह के परिछावन, गारी के गीत, हरदी आ गौरी गणेश के अइसन गीत बाड़ी सन कि देखेवालन के आपन बियाह याद आ जाई. एह फिलिम में एक्शनो बा, रोमांसो बा, आ कॉमेडीओ के एक से बढ़ के एक छौँका बा. एकर गीत लिखले बाड़न माधव पांडे निर्मल, सत्येन्द्र सिंह तोमर आ सानी असलम. संगीत का सुर में सजावे के काम कइले बाड़न मणिशंकर. कहानी दिनेश प्रकाश के लिखल हऽ आ प्रचारक हईवे शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा.

फिलिम जल्दिये अपने सभे के सामने होखी.


स्रोत : शशिकान्त सिंह