सीमा सपना के नाच आ त्रिनेत्र

भसीन नेस्ट, मड आयलैण्ड क स्वीमिंग पुल, चारो ओरिया रोशनी के चकाचौंध आ भोजपुरिया सितारन के जमावड़ा. सीमा पाण्डेय, पूनम सागर, आ पूजा सिंह परियन लेखा सेट पर मँड़रात रहुवे आ पाछा पाछा मंड़रात रहलन पंकज केसरी, समर्थ चतुर्वेदी, आ धर्मेश कुमार. इन्तजार होत रहुवे विनय आनन्द आ विजय लाल यादव के. निर्माता पी मिश्रा आ निर्देशक शाद पहिला दिन के पहिलका शॉट के आखिरी तइयारी में लागल रहुवे.

At the muhurta of Trinetra

मौका रहुवे इंफिनिटी एंटरटेन्मेंट का बैनर में बने वाली भोजपुरी फिलिम त्रिनेत्र के मुहुर्त शॉट के. इन्तजार के घड़ी खतम होत बा आ राज चोपड़ा फोड़त बाड़न मुहुर्त के पावन नारियल. कैमरा के स्विच आन करत बाड़े बॉलीवुड इक्वीपमेंट के बाबू भाई आ नृत्य निर्देशक राम देवान का चेहरा पर एगो खास चमक आ जात बा. उनकर इशारा होत बा, गाना बाजे लागता आ थिरके लागत बाड़ी दू गो तारिका सीमा सिंह आ सपना. आ एगो खूबसूरत शॉट ओके हो जात बा.

त्रिनेत्र के सह निर्माता जीतेन्द्र सिंह आ बानो अली हउवें, संगीत के धुन तइयार कइले बाड़े अशोक कुमार दीप आ गाना लिखल हऽ दीप आ प्यारेलाल यादव के. एह पारिवारिक फिलिम में अमृत पाल, प्रिया घावरे, जीतेन्द्र सिंह आ वरिष्ठ कलाकार राकेश पांडे खास खास किरदार में बाड़े लोग.

कैमरा मैन से निर्देशक बनल शाद मुहुर्त शॉट खातिर बहुते भव्य सेट लगवले रहलें. सितारन से भरल एह फिलिम के प्रस्तुतकर्ता राज चोपड़ा हवें.


स्रोत : उदय भगत