दुबई के अम्बिका भोजपुरी परदा पर

दुबई में पलाइल बढ़ल अम्बिका परवानी अब भोजपुरिया परदा पर अपना हुस्न के जलवा बिखेरे खातिर तइयार बाड़ी आ भोजपुरी का मल्टीस्टारर फिलिम बलिदान में पहिला बेर नजर अइहें. शाम परवानी के प्रस्तुति आ विश्वनाथ शेट्टी के निर्माण भोजपुरी फिलम बलिदान में अम्बिका के नायक भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन रहीहें.

Ambika with Ravi Kishan

बलिदान में अम्बिका आ रविकिशन के लव एंगल बा आ एकर निर्देशन भोजपुरी के सफलतम निर्देशकन में गिनाये वाला के॰डी॰ करत बाड़े जे एकरा पहिले निरहुआ रिक्शावाला, श्रीमान ड्राइवर बाबू, आ मुन्ना बजरंगी जइसन फिलिम निर्देशित कर चुकल बाड़न.

एह फिलिम में रविकिशन आ अम्बिका का अलावा जैकी श्राफ, रिंकू घोष, राजीव दिनकर, गुंजन पंत, दीपक सिन्हा, गौरी शंकर आ अनिल यादव खास खास किरदार में बा लोग. फिल्म के गीत संगीत अशोक कुमार दीप के आ छायांकन फिरोज खान, एक्शन मसूद पटेल, नृत्य राजीव दिनकर, आ संपादन दीपक कपूर के बा. प्रचारक बाड़े प्रशान्त निशान्त.

अम्बिका कहत बाड़ी कि भोजपुरी सिनेमा में काम कर के उनका बहुते आनन्द मिलल आ भारतीय संस्कृति के नजदीक से देखे बुझे के मौका मिलल.

आजुकाल्ह फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम चल रहल बा आ फिलिम अगिला साल का शुरु में प्रदर्शित कर दिहल जाई.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त