जय छठी मईया के शूटिंग के पहिलका चरण पूरा

सम्राट अशोक के बिहार प्रदेश के गौरवशाली इतिहास पूरा संसार जाने ला. बिहार के संस्कृति आ त्योहारनो के कवनो जोड़ नइखे आ एहमें से एगो सबसे बड़ पर्व हऽ छठ व्रत के. ई व्रत अपना सबसे बड़ उपवासो खातिर जानल जाले जवना में व्रती लोग छत्तीस घंटा के उपवास करेला.

A scene from Jai Chhathi Maiya

एही छठ व्रत के महिमा के देश विदेश मे सिनेमा का माध्यम से चहुँपावे खातिर अश्विनीपिक्चर्स २००६ का बैनर में एगो हिन्दी फिल्म जय छठी मईया के निर्माण जोर शोर से चल रहल बा जवना के शूटिंग के पहिलका चरण हालही में पटना आ सोनपुर का खुबसूरत इलाकन में पूरा कइल गइल.

फिलम् अभिनेता उदय श्रीवास्तव, वैदेही सिंह, अबय सिंह, स्मिता पवार आ धर्मेन्द्र खरवार समेत कई गो कलाकार एह शूटिंग में शामिल रहलें. निर्माता अश्विनी कुमार सिंह आ सहनिर्मात्री निशिकांता सिंह के एह निर्माणाधीन फिलिम के भोजपुरी फिलिमन के सीनियर निर्देशक देवेन्द्र पथिक निर्देशित कर रहल बाड़े. कहानी गीत कुमार मंजुल के बा, संवाद दिनेश वर्मा के लिखल हऽ, आ संगीत के धुन संजीव राणा के सजावल हऽ. बिहार के खुबसूरत वादियन के कैमरा में कैद कर रहल बाड़े वरिष्ठ कैमरामैन चीनू शाह.


स्रोत : कपिलदेव खरवार