आमिर आ सलमान से आगा निकललन पवन सिंह

भोजपुरिया दर्शकन के दिल के राजकुमार पवन सिंह बालीवुड के मिस्टर परफेक्शनिस्ट आमिर खान आ स्टार खान कहाये वाला सलमान खान के कम से कम बिहार में त जरुरे पटखनी दे दिहले बाड़े आ ओह लोग से आगा निकल चुकल बाड़े. एकर सुबूत मिलल उनकर हालही में रिलीज फिलिम ओढ़निया कमाल करे का बाक्स आफिस पर कइल कमाल से. बिहार के बड़हन सेंटरन में से एगो सीतामढ़ी के नूतन टॉकिज में इ फिलिम अपना प्रदर्शन का पहिलके दिने पैंतालिस हजार के नेट कलेक्शन बिटोरलस जवन कि उत्तर बिहार में अब तक के सबसे बड़ कलेक्शन बा. एकरा पहिले एहिजे प्रदर्शित आमिर खान के गजनी तैंतालीस हजार के आ सलमान खान के वान्टेड बयालिस हजार के कलेक्शन बिटोरले रहुवे.

Ruby kissing Pawan Singh

बिहार का पैंतालिस सिनेमाघरन में एक साथ रिलीज फिल्म ओढ़निया कमाल करे कई जगहा रोजे नया रिकार्ड बना रहल बा. पवन सिंह के शानदार एक्शन आ अदाकारा रुबी सिंह का साथे रोमांस के सीन से सजल निर्माता रामजनक जायसवाल आ निर्देशक अरविंद चौबे के एह फिलिम में दर्शकन के लुभावे वाला गाना बोले मुरगवा कुकड़ू कू सुने के मिल रहल बा.

एह फिलिम से पहिलहू पवन सिंह के फिलिम तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो आ पवन पुरवईया सफलता के बयार बहा दिहले रहे.

अब त इहे नू कहल जाई कि चल पड़ल बा पवन सिंह के जादू!


स्रोत : प्रशान्त निशान्त