मोहब्बत आ फर्ज के जज्बा के दास्तान तोहार अँखिया दिवाना बना दिहले बा

के॰टी॰वी॰ प्रोडक्शन का बैनर तले बनल फिलिम तोहार अँखिया दिवाना बना दिहले बा अब जल्दिये भोजपुरिया दर्शकन का बीच हाजिर होखे जा रहल बा. मोहब्बत आ फर्ज का कशमकश का बीच अझूराइल एगो सुसंस्कृत ठाकुर परिवार के कहानी पर आधारित एह फिलिम में देखेवालन के प्यार मोहबब्त आ इमोशन का साथे एक्शनो के तड़का देखे के मिली.

Mahesh Raja and Rani Chatterjee

अभिनेता महेश राजा आ हॉट अदाकारा रानी चटर्जी के शानदार अदाकारी से सजल एह फिलिम के निर्माता कांति भाई आ रईस भाई हउवें जबकि निर्देशन कइले बाड़े मिथलेश अविनाश के जोड़ी. फिलिम के खास किरदारन में महेश राजा आ रानी चटर्जी का साथे भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह, मेहनाज, ज्योति पाण्डे, वीरेन्द्र पासवान आ किसनदेव बाड़े. गीत विनय बिहारी के लिखल हऽ आ संगीत मधुकर आनन्द के हऽ. आडियो वेब म्यूजिक रिलीज कइले बा.

एह फिलिम में रानी चटर्जी के भूमिका एगो संघर्षशील महिला के बा जे अपना प्रेमी के अपना प्यार का बल पर एगो सच्चा, ईमानदार, आ मातापिता के बात माने वाला आदमी बना देत बिया. उनकर भूमिका देख के लोग बालीवुड अदाकारा रेखा के याद करे लागी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त